[the_ad_group id="30365"]

UP News: मार्निंग वाक पs देवे के होई 200 रुपिया, वाराणसी के ई यूनिवर्सिटी जारी कइलस अनूठा आदेस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वाराणसी के संपूर्णानंद संस्कृत विश्वविद्यालय एह दिनन अपना अनूठा आदेस के कारण चरचा में बा। विश्वविद्यालय आपन आर्थिक इस्थिति सुधारे में जुटल बा। एह क्रम में जहां अनावश्यक खर्चन में कटौती कइल जा रहल बा ओहिजा दूसरका ओर आय बढ़ावे खातिर अलग-अलग स्रोतन पs विचार कइल से जा रहल बा। एह क्रम में परिसर में मार्निंग वाक खातिर विश्वविद्यालय 200 रुपिया महीना शुल्क निर्धारित कइले बा।

250 लोग करावल रजिस्ट्रेशन

एकरा खातिर बाकायदा कार्ड जारी कइल जाला। वर्तमान में करीब 250 लोग मार्निंग वाक खातिर रजिस्ट्रेशन करवले बा। विश्वविद्यालय परिसर में बड़ संख्या में लोग मार्निंग वाक करे पहुंच जाला। एमे से कुछ लोग परिसर में गंदगी फइला के चल जाला। कुछ लोग फूलन के तुड़ लेला। सुरक्षाकर्मियन के रोकला-टोकला पs कइयन बेर क्षेत्रीय लोगन से मारपीट हो चुकल बा। एकरा के देखत मार्निंग वाक खातिर पंजीकरण के बेवस्था सुरू कइल गइल।

चीफ प्राक्टर प्रो. दिनेश कुमार गर्ग बतवलें कि परिसर में मार्निंग वाक खातिर 250 रुपिया पंजीकरण शुल्क निर्धारित कइल गइल बा। पंजीकरण फार्म में नाम, पता, फोन नंबर, फोटो के अलावे आधार कार्ड के फोटो कापी संलग्न कइल अनिवार्य होला। पंजीकरण करावे वालन क्षेत्रीय लोगन के एगो परिचय पत्र (अनुमति कार्ड) जारी कइल जाला।

ओहिजा एक बेर पंजीकरण करवला के बाद 200 रुपिया हर। महीन के दर से शुल्क देवे के होला। ऊ बतवलें कि एने एक सप्ताह में कड़ाई से जांच होखला के बाद 20 गो नया पंजीकरण भइल बा। परिसर में सबेरे 5 बजे से 9 बजे तक टहलल जा सकेला।

पार्कन के संख्या सीमित

शहर में पार्कन के संख्या सीमित बा। ओहिजा तमाम सार्वजनिक पार्कन के इस्थिति बदहाल बा। नगर निगम के ओर से उचित देखभाल ना होखला के कारण कही झूला टूटल बा तs कही गंदगी पसरल बा। एही कारण लोग विश्वविद्यालय में टहले आवेला।

इहां कवनो शुल्क नइखे: शहर में शहीद उद्यान (सिगरा), नेहरू पार्क (छावनी), शिवाला पार्क, गुलाब बाड़ी, रविदास पार्क, आजाद पार्क, आनंद पार्क, कंपनी गार्डेन सहित कइयन गो सार्वजनिक पार्क बा।

ओहिजा शहीद उद्यान, कंपनी गार्डेन, सहित कुछ पार्क पूरा तरे से निशुल्क बा। एकरा अलावे अलग-अलग कालोनियन में पार्क के सुविधा बा। सारनाथ क्षेत्र में मार्निंग वाक खातिर सबसे उपयुक्त जगह मूलगंध कुटी बौद्ध पार्क बा। एहु पार्क में कवनो शुल्क ना लिहल जाला। हालांकि ई पार्क आमजन खातिर सबेरे आठ बजे खुलेला।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]