Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

यूजीसी नेट 2024 के आंसर की जारी, 9 सितंबर तक दर्ज कइल जा सकी आपत्ति

359
Google Ads 300*250 for posts

नेशनल टेस्टिंग एजेंसी (NTA) UGC NET आंसर के 2024 जारी कs देले बिया। यूजीसी नेट आंसर के 2024 जून परीक्षा खातिर जारी कइल गइल बा। जे उम्मीदवार यूजीसी नेट जून 2024 परीक्षा खातिर उपस्थित भइल लो, ऊ एनटीए के आधिकारिक वेबसाइट ugcnet.nta.ac.in से UGC NET उत्तर कुंजी 2024 डाउनलोड कs सकत बा लो।

उल्लेखनीय बा कि NTA UGC NET परीक्षा 21 अगस्त से 5 सितंबर, 2024 तक आयोजित कइल गइल रहे। बाढ़ के कारण अलग-अलग परीक्षा केंद्रन पs परीक्षा रद्द कs दिहल गइल रहे आ कुछ दिनन के भीतर फेर से परीक्षा आयोजित कइल गइल रहे। UGC NET 2024 उत्तर कुंजी डाउनलोड करे खातिर, उम्मीदवारन के आपन आवेदन संख्या आ जन्म तिथि दर्ज करे के होई।

UGC NET जून 2024 उत्तर कुंजी कइसे डाउनलोड करीं?

जे उम्मीदवार UGC NET 2024 उत्तर कुंजी डाउनलोड कइल चाहत बा लो, ऊ नीचे दिहल गइल चरणन के पालन कs सकत बा लो:

चरण 1. सबसे पहिले यूजीसी नेट के आधिकारिक वेबसाइट ugcnet.nta.ac.in पs जाईं।

चरण 2. अब होम पेज पs UGC NET जून 2024 उत्तर कुंजी लिंक पs क्लिक करीं।

चरण 3. एगो नया पेज खुली, अब उम्मीदवारन के आपन लॉगिन विवरण दर्ज करे के होई।

चरण 4. सबमिट पs क्लिक करीं आ यूजीसी नेट उत्तर कुंजी 2024 स्क्रीन पs दिखाई दी।

चरण 5. उत्तर कुंजी चेक करीं, डाउनलोड करीं आ भविष्य खातिर प्रिंटआउट ले लीं।

उम्मीदवार नवीनतम अपडेट खातिर NTA के आधिकारिक वेबसाइट ugcnet.nta.ac.in पs जा सकत बा।

952750cookie-checkयूजीसी नेट 2024 के आंसर की जारी, 9 सितंबर तक दर्ज कइल जा सकी आपत्ति

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.