[the_ad_group id="30365"]

तीन गुना होई अजित अगरकर के सैलरी: चीफ सिलेक्टर के सालाना 1 करोड़ के जगह मिली ₹3 करोड़, सितंबर में होखे के बा मीटिंग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय टीम के पूर्व तेज गेंदबाज अजित अगरकर के मंगर के टीम इंडिया के सिलेक्शन कमेटी के नया चेयरमैन बनावल गइल। एह बीच क्रिकेट वेबसाइट क्रिकबज के रिपोर्ट के मोताबिक, चीफ सिलेक्टर अगरकर के 1 करोड़ के जगे सालाना 3 करोड़ रुपिया के राशि मिली। ओहिजा, आउर स्लेक्टर्स के वेतन सालाना 90 लाख रुपिया से बढ़ावल जाई। सितंबर में BCCI के एन्युअल मीटिंग (एजीएम) में सैलरी पs चरचा हो सकत बा।

चेतन शर्मा के मिलत रहे 1 करोड़ रुपिया

अजीत अगरकर  चेतन शर्मा के जगह लेलें, ऊ एगो विवादास्पद स्टिंग ऑपरेशन के बाद मुख्य चयनकर्ता के पद से इस्तीफा देले  रहस। चेतन शर्मा बतौर चीफ सिलेक्टर 1 करोड़ रुपिया के वेतन पावत रहलें। अगरकर पहिले 2023 इंडियन प्रीमियर लीग (IPL) में दिल्ली कैपिटल्स (DC) के संगे सहायक कोच के रूप में जुड़ल रहलें। कुछ दिन पहिले फ्रेंचाइजी उनका के रिलीज कs देले रहे।

वेस्टइंडीज में टी-20 सीरीज के खातिर चुनलें टीम

नया अध्यक्ष के रूप में 45 साल के तेज गेंदबाज के पहिला काम वेस्टइंडीज के खिलाफ होखे वाला पांच मैचन के टी20 सीरीज खातिर टीम के चयन करेके रहल। ई सीरीज में कैरेबियन धरती आउर अमेरिका में खेलल जाई। सिलेक्शन कमेटी में अगरकर के संगे शिव सुंदर दास, सुब्रतो बनर्जी, श्रीधरन शरथ, अउर सलिल अंकोला बा लो।

एशिया कप आ वर्ल्ड कप के चुनौती

अजित अगरकर के अध्यक्षता में सिलेक्शन कमेटी के सामने सबसे पहिला चुनौती वेस्टइंडीज के खिलाफ टी-20 टीम चुने के रहल। उनका अध्यक्ष बनला के बाद हार्दिक पांड्या के कप्तानी में टीम के ऐलान कs दिहल गइल बा। एकरा बाद टीम के आयरलैंड के खिलाफ टी-20 टीम चुने के होई। कमेटी के सामने सबसे बड़ टास्क एशिया कप आ वर्ल्ड कप के टीम चुने के रही। एशिया कप एह साल सितंबर आ वर्ल्ड कप अक्टूबर-नवंबर में खेलल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]