युपीएससी: आबकारी सिपाही के बेटा बनल सहायक आयुक्त, मिलल 98 वां स्थान

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 17, 2024

देवरिया/अखिलेश कुमार सिंह। संघ लोक सेवा आयोग (UPSC) कर्मचारी भविष्य निधि संगठन में सहायक भविष्य निधि आयुक्त के पदन खातिर परिणाम घोषित कइल गइल। जेमे देवरिया जिला के गहिला के निवासी सत्यम यादव 98 वां

Share

देवरिया/अखिलेश कुमार सिंह। संघ लोक सेवा आयोग (UPSC) कर्मचारी भविष्य निधि संगठन में सहायक भविष्य निधि आयुक्त के पदन खातिर परिणाम घोषित कइल गइल। जेमे देवरिया जिला के गहिला के निवासी सत्यम यादव 98 वां रैंक के संगे अपना जिला के नाम रोशन कइले बा।

सत्यम हाई स्कूल आ इंटरमीडिएट के पढ़ाई सरस्वती विद्या मंदिर गोरखपुर, स्नातक दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर से आ परास्नातक इलाहाबाद यूनिवर्सिटी से कइले रहस। इनकर पिता दरोगा यादव आबकारी विभाग में सिपाही पद पs कार्यरत बाड़ें।

हम अच्छा महसूस कs रहल बानी। हमरा परिवार में सभे खुस बा। हमार माई-बाबूजी सुरुआत से ही पढ़ाई के बहुत जादे महत्व दिहल गइल बा। हम लगातार मेहनत करत रहनी जेकर परिणाम सभका सामने बा। एह सफलता पs गांव में मिठाई खिलाके सत्यम यादव के माई-बाबूजी के बधाई दिहल गइल। जेमे विष्णु यादव, सुनील यादव, लालबाबू यादव, यादवेंद्र चौधरी, अमला प्रसाद, जनार्दन यादव, कोटेदार धनेश यादव, समसूल अंसारी, अनुरूध यादव हंशनाथ यादव आदि बधाई दिहल लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.