Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

योगी बोललें: सरकारी नौकरियन में भेदभाव कइल सबसे बड़ पाप, यूपी में 6 साल में मिलीं 6 लाख सरकारी नौकरी

410

 

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ उत्तर प्रदेश लोक सेवा आयोग आ उत्तर प्रदेश अधीनस्थ सेवा चयन आयोग द्वारा चयनित नव नियुक्त अधिकारियन के नियुक्ति पत्र वितरित कइलें।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहलें कि अपना नागरिकन के संगे शासन के योजना के नौकरी में भेदभाव कइल सबसे बड़ पाप बा, जवन सरकार प्रदेश के प्रतिभा के आगे बढ़े से रोकत रहे जनता ओकरा के सबक सिखा देहलस। हमार सरकार ई बेवस्था बनवलस बा कि चयन के प्रक्रिया से लेके नियुक्ति प्रक्रिया तक कवनो अभ्यर्थी के साथे भेदभाव ना हो सके। पिछिला छव साल में छव लाख युवा के सरकारी नौकरी देवे में हमनी के सफल रहनी सs।  आज उत्तर प्रदेश के नियुक्ति प्रक्रिया पs केहू अंगूरी नइखे उठा सकत। ऊ कहलें कि चुनौती से जे घबरा जाई ऊ कुछ ना प्राप्त कs सकी। जदि चुनौती रउआ सामने बा त एकर मतलब बा कि उआ खातिर कुछ नया अवसर आवे वाला बा।

एगो फाइल एगो टेबल पs 3 से अधिक दिन ना रहे 

सीएम योगी बियफे के लोकभवन में उत्तर प्रदेश लोक सेवा आयोग आ उत्तर प्रदेश अधीनस्थ सेवा चयन आयोग द्वारा निष्पक्ष आ पारदर्शी भर्ती प्रक्रिया के अंतर्गत चयनित नव नियुक्त अधिकारियन के नियुक्ति पत्र वितरित कइलें। एह दौरान ऊ कहलें कि 2021 से 2023 के बीच में डेढ़ साल के भीतर हमार सरकार 21 नियुक्ति पत्र कार्यक्रम संपन्न करा चुकल बिया। एह के तहत लगभग 55,000 नवहन के नियुक्ति पत्र वितरित कइल गइल बा। सीएम योगी नव नियुक्त अधिकारियन के वर्तमान सरकार के कार्यशैली के बारे में बतावत कहलें कि प्रदेश भर से जुड़ल समस्या कवनो ना कवनो रूप में रउआ लगे आई। प्रयास होखे के चाहीं कि एगो फाइल एगो टेबल पs 3 से जादे दिन ना रहे।

सरकार प्रदेश में बेरोजगारी दर के कम करे में सफल रहल

सीएम योगी कहलें कि 2017 के पहिले उत्तर प्रदेश में बेरोजगारी दर 19 फीसदी से जादे रहे। पिछिला छव साल में हमार सरकार प्रदेश में बेरोजगारी दर के कम करे में सफल रहल बिया। दु करोड़ से जादा जुवा के हमनी kr स्वरोजगार के संगे जोड़े के काम कइलें बानी सs। ऊ कहलें कि हमार सरकार शिक्षा आयोग बनावे जा रहल बिया। एकरा तहत उच्चतर शिक्षा, माध्यमिक शिक्षा अउर बेसिक शिक्षा चयन आयोग के प्रक्रिया के जोड़ल जाई। सीएम योगी कहलें कि संविधान प्रदत्त आरक्षण के सुविधा के लाभ हर तरह से उपलब्ध करावल जात बा। ऊ कहलें प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी देस के अर्थव्यवस्था के पांच ट्रिलियन डॉलर के इकॉनमी बनावे के संकल्प लेलें बाड़ें। ओह में उत्तर प्रदेश के भूमिका सबसे महत्वपूर्ण बा। जदि प्रदेश के हर व्यक्ति अपना-अपना क्षेत्र में इमानदारी से काम करत रहे आ अपना कर्तव्यन के निर्वहन करे तs उत्तर प्रदेश खुद के आवे वाला समय में देस के अग्रणी अर्थव्यवस्था के रूप में स्थापित करे में सफल रही।

596970cookie-checkयोगी बोललें: सरकारी नौकरियन में भेदभाव कइल सबसे बड़ पाप, यूपी में 6 साल में मिलीं 6 लाख सरकारी नौकरी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.