[the_ad_group id="30365"]

सी.आर.डी पी०जी० कॉलेज आ यायावरी क्लब के तत्वावधान में आयोजित पाँच दिवसीय कार्यशाला के आजु दुसरका दिन: माहौल भइल संगीतमय

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चन्द्रकान्ति रमावती देवी आर्य महिला पी०जी० कॉलेज आ यायावरी वाया भोजपुरी के अंतर्गत यायावरी क्लब के संयुक्त तत्वावधान में आयोजित पाँच दिवसीय कार्यशाला के आजु दुसरका दिन सम्पन्न भइल। एह कार्यशाला के सुरुआत यायावरी क्लब के ओर से विषय विशेषज्ञ राजनंदिनी कइली। ऊ सैद्धांतिक रूप से भोजपुरी लोक गीतsन के विधा के समझवली आ एह विधा के गीत श्रीमती ऋचा दुबे बहुत सुंदर तरीका से गा के सिखवली। तबला पs जसवंत सिंह जी आपन सहजोग देहलें। गीतन में मटकोर, हरदी, बियाह, कन्यादान, सेनूरदान, गीत के विधा सिखावल आ बतावल गइल। उपस्थित सब छात्रा लोग पूरा मन से गीत सीखल लोग अउर गा के भी सुनावल लोग। सारा माहौल संगीतमय हो गइल रहे।

एह कार्यक्रम में महाविद्यालय के प्रबन्धक डॉ० विजयलक्ष्मी मिश्रा, प्राचार्य डॉ० सुमन सिंह, डॉ० अपर्णा मिश्रा, श्रीमती श्वेता सिंह, श्री अनन्त पाठक, डॉ० विकास कुमार श्रीवास्तव, श्री शैलेन्द्र राव, राजनंदनी , मिनी उपाध्याय आदि लोग मौजूद रहल अउर सभे कार्यक्रम के सफल बनवले में आपन जोगदान दिहल लोग।

 

एह कार्यशाला में मटकोर गीत ‘कहवां के पियर माटी कहवां के कुदार जी’, कन्यादान गीत में ‘बाबा बाबा पुकारी ले बाबा नाहीं बोले ले हो’, सेनूरदान गीत में ‘सुहाग बरसे बन्नी तोहरे आंगनवा’ आदि अइसन कई गो गीत भइल जवन मन के मोह लिहल। एह कार्यशाला में मंच पs छात्रा स्नेहा, भावना पांडे, अक्षिता सोलंकी, मंतशा बानो, स्वीटी कुमारी, श्रुतिका सिंह, निशा गुप्ता, माहेजबीना, कायनात सिद्धकी, खुशी सिंह, निधि श्रीवास्तव, अंकिता श्रीवास्तव, पूजा पांडे, तान्या श्रीवास्तव,पुष्पा , जान्हवी पांडे आदि लोग सहयोग कइल।

एह कार्यशाला में छात्र उत्साह से भाग लिहले। लोकगीत के प्रति नया पीढ़ी के अइसन झुकाव एह कार्यशाला के अद्भुत आ ऐतिहासिक बना रहल बा।

यायावरी वाया भोजपुरी के फेसबुक पेज पs रउवा सभे एह कार्यक्रम के देख सकेनी।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]