[the_ad_group id="30365"]

अमीषा पटेल पs कोर्ट 500 रुपिया के जुर्माना लगवलस: ढाई करोड़ रुपिया ठगे के आरोप; चेक बाउंस ममिला में अगिला सुनवाई 7 अगस्त के 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अभिनेत्री अमीषा पटेल पs रांची सिविल कोर्ट में चेक बाउंस मिला में 500 रुपिया जुर्माना लगावल गइल बा। ममिला में अगिला सुनवाई 7 अगस्त के होई।

अमीषा पटेल पs फिलिम “देसी मैजिक” बनावे के नाम पs अजय सिंह से ढाई करोड रुपिया ठगे के आरोप बा। आरोप लगवे वाला अजय कुमार सिंह के ओर से कंपनी के मैनेजर टिंकू सिंह कोर्ट में गवाह के तौर पर पेश भइलें।

बाकिर उनका से अमीषा पटेल के वकील द्वारा क्रॉस एग्जामिनेशन ना कइल गइल। अमीषा पटेल के वकील टाइम पिटीशन देत रहे लो। एही वजह से कोर्ट जुर्माना लगवले बा। सिविल कोर्ट में ज्यूडीशियल मजिस्ट्रेट डी एन शुक्ला के कोर्ट में सुनवाई भइल। अमीषा पटेल पहिलहू दु बेर कोर्ट में पेश हो चुकल बिया।

अमीषा पटेल अब तक दु बेर कोर्ट में पेश हो चुकल बाड़ी। ऊ पूरा चेहरा ढंकके कोर्ट पहुंचल रहली।

अगिला तारीख मांगत रहलें अमीषा पटेल के वकील

अमीषा पटेल के वकील जयप्रकाश कोर्ट से अगिला तारीख के मांग करत रहलें। ऊ कोर्ट में कहलें कि उनका सर्टिफाइड कॉपी के जरूरत बा। लिहाजा सुनवाई खातिर अगिला तारीख तय कs दिहल जाव।

दूसरका तरफ कोर्ट में अजय सिंह के ओर से गवाह मवजूद रहे लो। गवाह से क्रॉस एग्जामिन खातिर 7 अगस्त के तारीख तय कs दिहल।

अमीषा पटेल पs ढाई करोड़ रुपिया ठगे के आरोप

अमीषा पटेल पs फिलिम देसी मैजिक बनावे के नाम पs अजय सिंह से ढाई करोड रुपिया ठगे के आरोप बा। अजय के कहनाम बा- दुनो के बीच जवन कांट्रैक्ट भइल रहे, ओकरा मोताबिक जब फिलिम जून 2018 में रिलीज ना भइल तs अमीषा से अजय सिंह पईसा वापस मंगलें।

बहुते टालमटोल के बाद अक्टूबर 2018 में ढाई करोड़ आ 50 लाख रुपिया के दुगो चेक देली, जवन बाउंस हो गइल। एकरा बाद अजय सिंह रांची सिविल कोर्ट में केस कइलें बाड़ें।

अमीषा पटेल के फिलिम गदर 2 सिनेमाघरन में 11 अगस्त के लागी। एमे उनका संगे सनी देओल बाडें।

23 साल बाद रिलीज होई गदर के दूसरका पार्ट

सनी देओल आ अमीषा पटेल के फिलिम गदर साल 2001 में रिलीज भइल रहे। ई ओह समय के सुपर हिट फिलिम साबित भइल रहे। फिलिम तब ढाई सौ करोड़ से जादे के बिजनेस कइले रहे।

अब 23 साल बाद 11 अगस्त के ‘गदर 2’ रिलीज होखे जा रहल बा। फिलिम के मेकर्स पिछला दिनन मोशन पोस्टर रिलीज कइले रहे लो। पोस्टर में सनी आ उत्कर्ष शर्मा बॉर्डर पs दउरत नजर आवत रहे लो। फिल्म में सनी, तारा सिंह, अमीषा पटेल सकीना आ उत्कर्ष उनकर बेटा जीत के रोल में नजर आई लो।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]