नियोजित शिक्षकन खातिर सक्षमता परीक्षा 2.0 के विज्ञापन जारी: 26 अप्रिल से 4 मई तक भरल जाई फॉर्म, मई में एग्जाम के बा संभावना

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 25, 2024

बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के ओर से सक्षमता परीक्षा 2.0 के विज्ञापन जारी कs दिहल गइल बा। जारी विज्ञापन के मोताबिक 26 अप्रिल से चार मई तक फॉर्म भरल जाई। प्राइमरी से लेके प्लस टू

Share

बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के ओर से सक्षमता परीक्षा 2.0 के विज्ञापन जारी कs दिहल गइल बा। जारी विज्ञापन के मोताबिक 26 अप्रिल से चार मई तक फॉर्म भरल जाई। प्राइमरी से लेके प्लस टू तक के नियोजित शिक्षक एमे सामिल होई लो। फिलहाल परीक्षा के तारीखन के ऐलान नइखे कइल गइल।

मई के दूसरका हफ्ता में परीक्षा होखला के संभावना बा। अभ्यर्थी समिति के वेबसाइट https://www.bsebsakshamta.com पs जाके आवेदन कs सकत बा लो। एकरा खातिर ओह लोगन के 1100 रुपिया के शुल्क देवे के होई।

कुल 59 विषय के होई परीक्षा

अलग-अलग कक्षा खातिर सात श्रेणी में कुल 59 विषयन के परीक्षा बोर्ड के ओर से आयोजित कइल जाई। कवनो निगेटिव मार्किंग नइखे। पहिला से 5वां तक एगो विषय आ छठा से आठवां तक आठ विषयन के परीक्षा होई। एकरा अलावे माध्यमिक (9वां-10वां) में 19 आ उच्च माध्यमिक (11वीं से 12वीं) में 31 विषयन के परीक्षा लिहल जाई।

जानीं केतना प्रश्न पूछल जाई 

प्रारंभिक, हाई आ इंटर स्कूलन में पढ़ावल जाये वाला कोर्स से सवाल पूछल जाई। कुल 150 वस्तुनिष्ठ प्रश्न होई। जेमे कक्षा एक से पांच खातिर के भाषा से 30, सामान्य अध्ययन से 40 आ सामान्य विषय से 80 प्रश्न पूछल जाई। एही तरे के प्रश्न छठा से आठवां आ 9वां-10वां आ 11 से 12वीं खातिर नियोजित शिक्षकन से पूछल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.