[the_ad_group id="30365"]

हरियाणा के मंजू नैन बनली देश के पहिला महिला सोल्जर स्काई डाइवर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हरियाणा के बेटी जहां खेलन में आपन प्रतिभा के लोहा मनवा रहल बा लो, ओहिजा अब सेना में जाके एडवेंचर स्पोर्ट्सो में प्रदेश के नाम चमका रहल बा लो। जींद जिला के गांव धमतान साहिब के मंजू नैन जवन साहस के परिचय देले बाड़ी ओकर खातिर जुवो हिम्मत करे से डरेला लो।

हाले में सेना के पूर्वी कमान अपना तरफ से एगो वीडियो जारी कइलस हs कि एगो जाबांज महिला सैनिक 10 हजार स्काई फीट के ऊंचाई से छलांग लगावत दिखाई दे रहल बाड़ी। असल में ई सैनिक मंजू नैन हई जवन गांव धमतान साहिब के रहे वाली हई आ ऊ चौधरी भरतसिंह मेमोरियल खेल स्कुल निडानी (जींद) में पढ़ाई कइले बाड़ी। मंजू कबड्डीयो के बेहतरीन खेलाडी रहल बाड़ी। संस्था के चेयरपर्सन कृष्णा मलिक के अनुसार मंजू अपना काबिलियत के दम पs सेना में भर्ती होके आज अपना देस आ प्रदेश खातिर मिशाल क़ायम कइले बाड़ी। लांस नायक मंजू एएलएच ध्रुव हेलिकॉप्टर से 10 हजार स्काई फीट के ऊंचाई से छलांग लगाके सेना के पहिला महिला सोल्जर स्काई डाइवर बनकर ई साबित कs देली की महिला कवनो क्षेत्र में पुरुषन से कम नइखे लो।

 

ऊ बतवलें कि मंजू के एगो वीडियो भारतीय सेना के पूर्वी कमान जारी कइले बा। हालांकि मंजू ई कारनामा 15 नंवबर 2022 के कइले रहली बाकिर सेना ई जानकारी पिछिला दिन साझा कइल। एह वीडियो में मंजू सेना के एएलएच ध्रुव हेलिकॉप्टर में सवार बाड़ी आ बाद में ऊ छलांग लगा देत बाड़ी। एकरा बाद ऊ हवा में तैरत नजर आवत बाड़ी। हवा में तैरत मंजू के पैराशूट उनका संगे कूदल दु गो ट्रेनर खोलत बा लो।

संस्था के संरक्षक पूर्व डीजीपी डॉ. महेन्द्र सिंह मलिक बतवलें कि भारतीय सेना के महिला सैनिक मंजू इतिहास रचले बाड़ी। ऊ कहलें कि ऊ मंजू के एह कारनामा आ जज्बा के हमनी के सलाम करत बानी सs आ उनका के बधाईयो देत बानी सs। ऊ बतवलें कि 27 नवंबर के स्कूल में एगो कार्यक्रम में उनका के सम्मानित कइल जाई। ऊ इहो बतवलें कि हमनी के ज्लदिये खेल स्कुल निडानी में पढ़े वाला छात्र-छात्रा लोगन के सेना में लेफ्टिनेट बने खातिर एन डी ए के प्रशिक्षण दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]