भारत आ ऑस्ट्रेलिया के बीच बुध (सात जून) से होखे वाला विश्व टेस्ट चैंपियनशिप (डब्ल्यूटीसी) के फाइनल मुकाबला के संगही विश्व के टेस्ट के नया बॉस मिली। पिछला फाइनल में भारतीय टीम के न्यूजीलैंड से हार के सामना करे के पड़ल रहे आ अब कप्तान रोहित शर्मा के टीम के लगे फेर से टेस्ट चैंपयनशिप के गदा उठावे के मवका बा। एकरा संगही भारत के नजर अपना पिछला 10 साल के आईसीसी खिताब के सूखा के खतम करहू पs रही। भारत पिछला बेर आईसीसी के खिताब 2013 में इग्लैंड में चैंपियंस ट्रॉफी के रूप में जीतले रहे।
तीन बेर फाइनल में हारल
चैंपियंस ट्रॉफी के खिताब जीतला के बाद भारत के आईसीसी के टूर्नामेंट में तीन बेर फाइनल में शिकस्त मिलल बा जबकि टीम चार बेर सेमीफाइनल में हाल बिया। टीम 2021 टी-20 विश्वकप के सुरुआतिये से बाहर हो गइल रहे। मवजूदा चक्र के छव सीरीज में से भारत एकमात्र सीरीज दक्षिण अफ्रीका में गंववले रहे। जवना के बाद विराट कोहली कप्तानी छोड़ देले रहस। रोहित शर्मा के टीम के अगुआई करे के जिम्मेदारी मिलल।
चउथा तेज गेंदबाज के बेहतर विकल्प
भारत दु साल पहिले साउथैंप्टन में न्यूजीलैंड के खिलाफ परिस्थितियन के नजरअंदाज करत दु गो स्पिनरन के खेलवले रहे, बाकिर ई फैसला उलटा पड़ गइल रहे। भारत अश्विन आ जडेजा के स्पिन जोड़ी के खेलाव के लेके उत्सुक होई, बाकिर इंग्लैंड में गर्मियन के सुरुआत बा आ तरोताजा पिच पs चउथा तेज गेंदबाज बेहतर विकल्प बा। शमी आ सिराज अंतिम एकादश में खेली लो जबकि तीसरा गेंदबाज के तौर पs उमेश आ शार्दुल चुनौती दी लो।
विकेटकीपर के गुत्थी सुलझावल जरूरी
भारतीय टीम प्रबंधन खातिर विकेटकीपर के गुत्थी सुलझावलो अहम बा। ईशान किशन आ केएस भरत में से केहू एक के विकेटकीपर के तौर पs अंतिम एकादश में सामिल कइल मुश्किल फैसला बा।
पुजारा से बढ़िया प्रदर्शन के आस
भारतीय टीम के खिलाड़ी आईपीएल-16 टी-20 लीग खेलला के बाद सीधा लाल गेना के क्रिकेट में खेली जवन ओह लोगन खातिर आसान ना होई। हालांकि टीम के अनुभवी बल्लेबाज चेतेश्वर पुजारा पहिलही से इंग्लैंड में काउंटी क्रिकेट खेलत रहस। ऊ मवजूदा समय में इंग्लैंड के हालात से वाकिफ बाड़े आ ऊ काउंटी में अच्छा प्रदर्शन कइले रहस। अब उनका से फाइनलो में बढ़िया प्रदर्शन के आस बा।
18 महीना बाद रहाणे बेताब
एह मुकाबला के ‘अल्टीमेट टेस्ट’ कहल जा रहल बा आ अजिंक्य रहाणे 18 महीने बाद टेस्ट टीम में वापसी कर रहल बाड़ें। ऊ हाले में आईपीएल में सानदार प्रदर्शन कइले रहस आ ऊ अपना एह लय के जारी रखल चहिहें। बाकिर टी-20 क्रिकेट से लाल गेना के टेस्ट प्रारूप में खेलल उनका खातिर आसान ना रही।
सलामी जोड़ी आ कोहली के परीक्षा
एह फाइनल में सलामी जोड़ी रोहित शर्मा आ युवा बल्लेबाज शुभमन गिल के संगे अनुभवी बल्लेबाज विराट कोहली के परीक्षा होई। टीम के बढ़िया सुरुआत दिलावे के जिम्मा रोहित आ गिल के कंधन पs रही तs कोहली से टीम के बड़ी पारी के उम्मीद बा।
स्मिथ भारत खातिर खतरा
कप्तान पैट कमिंस के टीम ऑस्ट्रेलिया के जदि बड़ स्कोर से रोके के बा तs भारतीय गेंदबाजन के अनुभवी बल्लेबाज स्टीव स्मिथ के जल्दी आउट करे के होई। स्मिथ के प्रदर्शन ओवल मैदान पs अच्छा रहल बा आ उनकर औसत 100 के बा। ओहिजा, नाथन लियोन भारतीय बल्लेबाजन के परेसान कs सकत बाड़ें तs कैमरन ग्रीन के ऑलराउंड भूमिका अहम रही जिनकर प्रदर्शन आईपीएल-16 में सानदार रहल रहे। उस्मान ख्वाजा, मार्नस लाबुशाने आ डेविड वॉर्नर के हल्का में लिहल टीम खातिर भूल होई।
मिचेल स्टार्क के खेलल कड़ा चुनौती
ओवल के तेज गेंदबाजन के हालात में ऑस्ट्रेलिया के बाएं हाथ के तेज गेंदबाज मिचेल स्टार्क के खेलल भारतीय बल्लेबाजन खातिर चुनौती रही। हालांकि, भारतीय खिलाड़ी स्टार्क के खिलाफ बढ़िया प्रदर्शन खातिर जयदेव उनादकट आ स्थानीय बाएं हाथ के तेज गेंदबाजन के खिलाफ अभ्यास कइले रहे लो।
दुनो टीम एह तरे बा
ऑस्ट्रेलिया: पैट कमिंस (कप्तान), स्कॉट बोलैंड, एलेक्स कैरी, कैमरन ग्रीन, मार्कस हैरिस, जोश हेजलवुड, ट्रेविस हेड, उस्मान ख्वाजा, मार्नस लाबुशेन, नाथन लियोन, जोश इंग्लिस, टॉड मर्फी, स्टीव स्मिथ, मिशेल स्टार्क आ डेविड वार्नर।
रिजर्व: मिचेल मार्श आ मैट रेनशॉ।
भारत: रोहित शर्मा (कप्तान), रविचंद्रन अश्विन, केएस भरत, शुभमन गिल, रविंद्र जडेजा, विराट कोहली, इशान किशन, चेतेश्वर पुजारा, अक्षर पटेल, अजिंक्य रहाणे, मुहम्मद शमी, मुहम्मद सिराज, शार्दुल ठाकुर, जयदेव उनादकट आ उमेश यादव।
रिजर्व: यशस्वी जायसवाल, मुकेश कुमार आ सूर्यकुमार यादव।