Champions Trophy 2025: ‘हमनी के बढ़िया लोग हई सs’, पाकिस्‍तान दौरा पs आवे खातिर पूर्व क्रिकेटर भारतीय टीम से कइलें गुजारिश

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 26, 2024

पाकिस्‍तान क्रिकेट टीम के पूर्व कप्‍तान शोएब मलिक चैंपियंस ट्रॉफी 2025 खातिर भारतीय टीम पाकिस्‍तान दौरा पs आवे खातिर गुजारिश कइले बा। पता होखे कि भारत आ पाकिस्‍तान 2013 से कवनो द्विपक्षीय सीरीज नइखे खेलले,

Share

पाकिस्‍तान क्रिकेट टीम के पूर्व कप्‍तान शोएब मलिक चैंपियंस ट्रॉफी 2025 खातिर भारतीय टीम पाकिस्‍तान दौरा पs आवे खातिर गुजारिश कइले बा। पता होखे कि भारत आ पाकिस्‍तान 2013 से कवनो द्विपक्षीय सीरीज नइखे खेलले, काहेकि दुनो देसन के बीच सीमा आ राजनीतिक तनाव के इस्थिति बनल रहेला।

भारत आ पाकिस्‍तान टीम के बीच आईसीसी के प्रमुख टूर्नामेंट्स में भिड़ंत होत रहल बा। चैंपियंस ट्रॉफी 2025 के मेजबानी पाकिस्‍तान के मिलल बा। बाकिर दुनो देसन के बीच सीमा आ राजनीतिक तनाव के देखत भारतीय टीम के पाकिस्‍तान गइल असंभव लाग रहल बा।

शोएब मलिक के भारतीय टीम से अपील

एह दौरान कइयन गो रिपोर्ट्स में सामने आइल कि भारतीय टीम पाकिस्‍तान दौरा पs जाई। तब शोएब मलिक भारतीय टीम से पाकिस्‍तान आवे के गुजारिश कइलें आ राजनीति के खेल से दूर रखे के सलाह देलें। मलिक क्रिकेट पाकिस्‍तान से बातचीत में कहलें कि पाकिस्‍तान के टीम वनडे वर्ल्‍ड कप 2023 खातिर भारत यात्रा कइले रहे तs अब टीम इंडिया के बारी बा कि उ एह विश्‍वास के कायम रखे।

शोएब मलिक के बयान

भारत आ पाकिस्‍तान के बीच जवन कवनो परेसानी बा, ओकरा के निजी तौर पs हल करे के चाहीं। राजनीति के खेल से ना जोड़े के चाहीं। पाकिस्‍तान क्रिकेट टीम पिछला साल भारत गइल रहे आ अब टीम इंडिया खातिर इहां आवे के अच्‍छा मवका बा। हमरा ख्‍याल से भारतीय टीम के कइयन गो खिलाड़ी पाकिस्‍तान में नइखे खेलल लो, तs ओह लोगन खातिर ई अच्‍छा मवका होई। हमनी के बहुत अच्छा लोग हई। हमरा विश्‍वास बा कि भारतीय टीम इहां जरूर आई।

पीसीबी आईसीसी पs छोड़लस फैसला

न्‍यूज एजेंसी पीटीआई हाले में खबर देले रहे कि आईसीसी के वार्षिक बैठक में चैंपियंस ट्रॉफी के कार्यक्रम आ प्रारूप पs कवनो विचार-विमर्श ना भइल रहे। एमे आगे बतावल गइल कि पाकिस्‍तान क्रिकेट बोर्ड आईसीसी पs भारत के राजी करे के जिम्‍मेदारी छोड़ देले बा।

पीसीबी भारत के सब मैच लाहौर में रखले बा, जहां चैंपियंस ट्रॉफी 2025 के सेमीफाइनल आ फाइनलो खेलल जाई। भारत आ पाकिस्‍तान के बीच हाई वोल्‍टेज मैच 1 मार्च के रखल गइल बा। रउआ के इयाद दिला दीं कि एशिया कप 2023 के मेजबानियो पाकिस्‍ताने कइले रहे। बाकिर, एह टूर्नामेंट के आयोजन हाइब्रिड मॉडल पs कइल गइल रहे। काहेकि भारत पाकिस्‍तान जाये से इंकार कs देले रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.