[the_ad_group id="30365"]

UP Nikay Chunav: चार जिलन में भाजपा के प्रचार रथ के आज रफ्तार दिहें सीएम योगी, पहिला चरण खातिर 47 प्रेक्षक नियुक्त

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सुक के सीतापुर, लखीमपुर, बलरामपुर आ गोरखपुर में भाजपा प्रत्याशियन के समर्थन में जनसभा के संबोधित करिहें। योगी सबेरे 11:40 बजे सीतापुर के नैमिषारण्य क्षेत्र के मेला मैदान आ दुपहरिया एक बजे लखीमपुर खीरी के राजकीय इंटर कालेज मैदान में जनसभा कs के भाजपा प्रत्याशियन के प्रचार करिहें।

दुपहरिया 2.30 बजे ऊ बलरामपुर के छोटा परेड ग्राउंड में जनसभा करिहें। सांझ के चार बजे ऊ गोरखपुर के सिविल लाइंस क्षेत्र इस्थित गोरखपुर क्लब में चिकित्सक सम्मेलन के संबोधित कs के भाजपा प्रत्याशियन खातिर एकरा बाद सांझ 4.55 बजे गोरखपुर के राप्तीनगर क्षेत्र में डा.भीमराव आंबेडकर जूनियर हाई स्कूल में जनसभा के संबोधित करिहें। उप मुख्यमंत्री केशव प्रसाद मौर्य सुक के वाराणसी में प्रचार करिहें।

उप मुख्यमंत्री ब्रजेश पाठक सुक के कुशीनगर, गाजीपुर आ वाराणसी में भाजपा प्रत्याशियन के प्रचार करिहें। भाजपा प्रदेश अध्यक्ष भूपेन्द्र सिंह चौधरी सुक के गाजियाबाद आ मेरठ में संगठनात्मक बैठकें करिहें। राज्यमंत्री (स्वतंत्र प्रभार) नरेन्द्र कश्यप सुक के हापुड़, राज्यमंत्री रामकेश निषाद झांसी के नगर पंचायत कटेरा आ एरच आउर नगर पालिका बरूआसागर में सम्मेलनन के संबोधित करिहें। पूर्व मंत्री सिद्धार्थनाथ सिंह फतेहपुर में भाजपा प्रत्याशियन के समर्थन में जनसंपर्क करिहें।

निकाय चुनाव के पहिला चरण खातिर 47 प्रेक्षक नियुक्त

राज्य निर्वाचन आयोग नगरीय निकाय चुनाव के पहिला चरण खातिर 46 आइएएस अधिकारियन के प्रेक्षक नियुक्त कइलें बा। आयोग के ओर से एह बारे में आदेस जारी कs दिहल गइल बा। पहिला चरण में प्रदेश के 37 जिलन में निकाय चुनाव होई जेमे 10 नगर निगम सामिल बा। आयोन नगर निगमन वाला जिलन में दु जबकि बाकी जिलन में एगो प्रेक्षक नियुक्त कइलें बाड़ें।

प्रेक्षकन पs संबंधित जिलन में अपना निगरानी में स्वतंत्र, निष्पक्ष आ पारदर्शी तरीका से चुनाव करावे के जिम्मेदारी होई। प्रमुख सचिव आयुष लीना जौहरी आ अपर निदेशक पंचायती राज राज कुमार-पहिला के लखनऊ में प्रेक्षक तैनात कइल गइल बा। प्रमुख सचिव प्राविधिक शिक्षा सुभाष चन्द्र शर्मा आ निदेशक दिव्यांगजन सशक्तीकरण सत्य प्रकाश पटेल के वाराणसी में प्रेक्षक नियुक्त कइल गइल बा।

सब प्रेक्षकन के पहिला चरण के मतदान खातिर 29 अप्रिल के संबंधित जिलन में पहुंचे खातिर कहल गइल बा। पहिला चरण के मतदान चार मई के होई। मतदान के बाद समस्त निर्वाचन सामग्री के स्ट्रांग रूम में रखल गइला के बाद आयोग के सूचित कs के प्रेक्षक जिला मुख्यालय छोड़ी लो। ओह लोगन के मतगणना खातिर 11 मई के संबंधित जिन में पहुंचे के होई। मतगणना 13 मई के होई।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]