आठ राज्यन के 49 सीटन पs वोटिंग बिहान : राजनाथ, स्मृति समेत नौ केंद्रीय मंत्री, एगो पूर्व मुख्यमंत्री मैदान में; राहुल रायबरेली से लड़ रहल बाड़ें 

By Anurag Ranjan

Published on: May 19, 2024

2024 लोकसभा चुनाव के पांचवां चरण में सोमार (20 मई) के छह राज्यन आ दु केंद्र शासित प्रदेशन के 49 सीटन पs वोटिंग होई। 2019 में एह सीटन पs सबसे जादे भाजपा 32, शिवसेना सात,

Share

2024 लोकसभा चुनाव के पांचवां चरण में सोमार (20 मई) के छह राज्यन आ दु केंद्र शासित प्रदेशन के 49 सीटन पs वोटिंग होई।

2019 में एह सीटन पs सबसे जादे भाजपा 32, शिवसेना सात, TMC चार सीटन पs जीतल रहे। कांग्रेस खाली यूपी के रायबरेली सीट जीत पवले रहे। आउर के पांच सीट मिलल रहे।

एह फेज में राजनाथ सिंह, स्मृति ईरानी आ पीयूष गोयल सहित नौ केंद्रीय मंत्री मैदान में बा लो। रायबरेली से वायनाड सांसद राहुल गांधी चुनाव लड़ रहल बाडें।

चुनाव आयोग के मोताबिक, इलेक्शन के पांचवां फेज में 695 कैंडिडेट्स मैदान में बा लो। एमे 613 पुरुष आ 82 महिला उम्मीदवार बा लो। एमे महिला खाली 12% बा।

एसोसिएशन फॉर डेमोक्रेटिक रिफॉर्म (ADR) के मोताबिक, एह फेज के 615 उम्मीदवारन में से 23% माने 159 उम्मीदवारन पs क्रिमिनल केस दर्ज बा।

रिपोर्ट के मोताबिक, 227 माने 33% उम्मीदवार करोड़पति बा लो। एह लोगन के लगे एक करोड़ भा ओकरा से जादे के संपत्ति बा। खाली एगो उम्मीदवार आपन संपत्ति शून्य बतवलें बाड़ें।

एह चरण में सबसे अमीर प्रत्याशी उत्तर प्रदेश के झांसी सीट से भाजपा उम्मीदवार अनुराग शर्मा हवे। उनका लगे 212 करोड़ रुपिया के संपत्ति बा।

543 लोकसभा सीटन में चउथा फेज तक 380 सीटन पs मतदान हो गइल बा। 20 मई तक कुल 429 सीटन पs मतदान पूरा हो जाई। बाकी दु चरणन में 114 सीटन पs वोटिंग होई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.