Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Asia Cup 2023: सुपर-4 के मैच में भारत PAK के बुरा तरह पीटलस, कोहली आ राहुल मचइले तूफान

भारत बनाम पाकिस्तान : एशिया कप 2023 में सोमार के दिने रिजर्व डे पs भइल सुपर-4 मैच में भारत पाकिस्तान के 228 रन से हरा दिहलस। एशिया कप 2023 में तीन मैच में भारत के ई दुसरका जीत बा। एकरा से पहिले एशिया कप 2023 के ग्रुप-ए मैच में भारत नेपाल के 10 विकेट (डीएलएस) के अंतर से हरा चुकल रहे।

1,776

 

भारत बनाम पाकिस्तान : एशिया कप 2023 में सोमार के दिने रिजर्व डे पs भइल सुपर-4 मैच में भारत पाकिस्तान के 228 रन से हरा दिहलस। एशिया कप 2023 में तीन मैच में भारत के ई दुसरका जीत बा। एकरा से पहिले एशिया कप 2023 के ग्रुप-ए मैच में भारत नेपाल के 10 विकेट (डीएलएस) के अंतर से हरा चुकल रहे। एकरा अलावे 2 सितंबर के एशिया कप 2023 के ग्रुप-ए में पाकिस्तान के खिलाफ भारत के दुसरका मैच बरखा के चलते निर्णायक रहल। भारत अपना पहिला मैच सुपर-4 में पाकिस्तान के हरा के शानदार शुरुआत कइले बा। अब भारत के आपन अगिला मैच सुपर-4 में काल्हु यानी 12 सितंबर के श्रीलंका के खिलाफ खेले के बा।

पाकिस्तान के खिलाफ भारत के सबसे बड़ जीत

विराट कोहली आ केएल राहुल के नाबाद शतक के बाद भारत कुलदीप यादव के स्पिन के जादू से पाकिस्तान के हरा दिहलस। पाकिस्तान के खिलाफ रन के मामिला में इ भारत के सबसे बड़ जीत बा। भारत के 357 रन के बड़हन निशाना के पीछा करत पाकिस्तान टीम बायां हाथ के स्पिनर कुलदीप (25 रन पs पांच विकेट) के मजबूत गेंद के सोझा 32 ओवर में महज 128 रन बना सकल। हारिस राउफ आ नसीम शाह चोट के चलते बल्लेबाजी करे ना निकललन।

वनडे में भारत के सबसे बड़ जीत (रन से)

317 बनाम श्रीलंका, त्रिवेन्द्रम, 2023

257 बनाम बरमूडा, पोर्ट ऑफ स्पेन, 2007

256 बनाम हांगकांग, कराची, 2008

228 बनाम पाकिस्तान, कोलंबो (आरपीएस), 2023

वनडे में पाकिस्तान के सबसे बड़ हार (रन से):

234 बनाम श्रीलंका, लाहौर, 2009

228 बनाम भारत, कोलंबो (आरपीएस), 2023

224 बनाम ऑस्ट्रेलिया, नैरोबी, 2002

198 बनाम इंग्लैंड, नॉटिंघम, 1992

पाकिस्तान के विरुद्ध भारतीय स्पिनर के सर्वश्रेष्ठ वनडे प्रदर्शन

सुपर-4 मैच में भारत PAK के बुरा तरह से हरा दिहलस। कोलंबो के आर प्रेमदासा स्टेडियम में खेलल गइल एह सुपर-4 मैच में पाकिस्तान टॉस जीत के पहिले गेंदबाजी करे के फैसला कइलस। हालांकि भारतीय बल्लेबाज एह फैसला के गलत साबित कs दिहले। भारतीय बल्लेबाज शानदार बल्लेबाजी कइलन आ 50 ओवर में 2 विकेट पs 356 रन बनवले। जवाब में जब पाकिस्तान टीम के स्कोर 32 ओवर में 8 विकेट पs 128 रन के रहल त तब भारत के विजेता घोषित कs दिहल गइल। अइसन एहसे भइल कि चोट के चलते पाकिस्तान के दू गो खिलाड़ी नसीम शाह आ हारिस रऊफ बल्लेबाजी खातीर ना अइले । भारत पाकिस्तान के 228 रन से हरा दिहलस।

सोमार के दिने मैच एक घंटा चालीस मिनट देरी से शुरू भइल

सोमवार के भी बारिश के चलते मैच एक घंटा 40 मिनट देरी से शुरू भईल। जब मैच फेर से शुरू भइल त राहुल 17 रन से आगे रहले जबकि कोहली आठ रन से आगे रहले। राहुल शुरू से ही बढ़िया फॉर्म में लउकत रहले। कोहली दिन के पहिला चौका नसीम शाह पs मार दिहलन। इफ्तिखार अहमद के लगातार गेंद पs छक्का आ चौका मारला के बाद राहुल स्पिनर के ठीक अगिला ओवर में दू गो चौका मार दिहलन। राहुल 60 गेंद में आपन आधा शतक फहीम अशरफ के एक रन बना के पूरा कइलन। भारत के दोहरा शतक के रन 33वां ओवर में पूरा हो गइल। कोहली स्ट्राइक रोटेट पसंद करत रहले अवुरी बीच में खराब गेंद के भी सबक सिखवले। धीमा शुरुआत के बाद ऊ गति बढ़ा दिहलन आ शादाब से एक रन बना के 55 गेंद में आपन आधा शतक पूरा कइलन।

वनडे में कोहली के 47 वां शतक

कोहली भी शाहीन के गेंद पs एक रन बना के 84 गेंद में आपन 47वां शतक पूरा कईले। फहीम के पारी के आखिरी ओवर में ऊ लगातार गेंद पs दू गो चौका आ एगो छक्का मार दिहलन। बरखा के चलते रद्द भइल ग्रुप मैच में भारत के खिलाफ सगरी दस गो विकेट लेबे वाला शाहीन (79 रन पs एक विकेट), नसीम शाह (बिना विकेट के 53 रन) आ हारिस राउफ (बिना विकेट के 27 रन) के तेज गेंदबाजी तिकड़ी, मैच में महज एक विकेट मिलल। मांसपेशी के खिंचाव के चलते राउफ गेंदबाजी ना कईले।

 

638410cookie-checkAsia Cup 2023: सुपर-4 के मैच में भारत PAK के बुरा तरह पीटलस, कोहली आ राहुल मचइले तूफान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.