Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

06 मई 2023 के राशिफल

613

दिनांक-06/05/2023
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

ज्येष्ठ कृष्ण पक्ष

तिथि- प्रतिपदा

 रात में 09 बजके 52 मिनट ले,

ओकरा बाद द्वितीया।

दिन- सनीचर।

विशाखा नक्षत्र

रात में 09 बजके 13 मिनट ले,

ओकरा बाद अनुराधा नक्षत्र।

व्यातीपात जोग

दिन में 07 बजके 30 मिनट ले,

ओकरा बाद वरीयान जोग।

बालव करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 07/05/2023

ज्येष्ठ कृष्ण पक्ष

तिथि- द्वितीया

रात में 08 बजके 15 मिनट ले।

दिन- अतवार।

अनुराधा नक्षत्र

रात में 08 बजके 21 मिनट ले।

 वरीयान जोग

सबेरे के 05 बजके 21 मिनट ले।

तैतिल करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज राउर बनत काम बिगड़ सकत बा, जवना कारण मन अशांत रही, वाहन आदि के चलावे में सावधानी बरती। बेयपारिक क्षेत्र में केहू पs जादे विश्वास कइल रउआ खातिर हानिकारक हो सकत बा। जतरा आदि स्थगित करीं।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर अच्छा रही, आय के नया स्रोत बनी, मन प्रसन्न रही, नया काम के योजना बनी, अपनन के सहजोग मिली, केहू आपन के चिंता बनल रही, आज रउआ कवनो नया काम सुरू कs सकत बानी।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर बहुत बढ़िया रही, बेयपार में नया अवसर प्राप्त होई, कवनो नया कार्य में राउर निवेश होई जवना से लाभ होई, परिवार के मतभेद खतम होई, केहू आपन के स्वास्थ के चिंता बनल रही, अपना स्वास्थ पs धेयान रखीं।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज रउआ कवनो नया काम सुरू मत करीं, कोर्ट-कचहरी के ममिलन में सतर्क रहीं, वाद-विवाद से दूर रहीं, अपना स्वास्थ के धेयान रखीं, आज बेयपार बेवसाय में उतार चढ़ाव बनल रही, कवनो बड़ लेन-देन साझेदारी सोच विचार कs के करीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज राउर स्वास्थ बिगड़ सकत बा, खानपान पs संयम रखीं, वाहन आदि के लमहर यात्रा में संभलके चलीं, आर्थिक इस्थिति ठीक ना रही, केहू आपन से अपमान हो सकत बा, बोली पs लगाम रखीं, आज कवनो नया काम सुरू मत करीं।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज रउआ बेयपार आदि में लाभ होई, बेयपार में नया साझेदारी होई, कवनो खास व्यक्ति से भेंट होई, परिवार में मान-सम्मान बढ़ी। पुरान कवनो काम के पूरा हो गइला से मन प्रसन्न रही, अपनन के सहजोग मिली।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज राउर दिन बहुत अच्छा रही, बाकिर स्वास्थ पs धेयान रखीं, वाद-विवाद से दूर रहीं, अपना से बड़ लोगन के सम्मान दीं ,आज कवनो नया डील बेयपार में होई, जवना से लाभ प्राप्त होई। मेहरारू से मतभेद खतम होई, संघतिया के सहजोग मिली।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज रउआ बेकार के विवाद में फंस सकत बानी, शत्रुअन से सावधान रहीं, पुरान चलल आ रहल काम बिगड़ सकत बा, मानसिक तनाव बनल रही, पारिवारिक सदस्यन से मतभेद बढ़ी, राउर स्वास्थ बिगड़ सकत बा, स्वास्थ पs धेयान दीं।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज राउर स्वास्थ में उतार चढ़ाव बनल रही, परिवार से संबंध मधुर बना के रहीं, बेटा आ मेहरारू से मतभेद बढ़ी, आज कवनो नया जोखिम बेयपार में मत उठाईं, कवनो बड़ साझेदारी सोच विचार कs के करीं, जतरा आदि के काम में सतर्कता बरती।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज राउर रुकल काम पूरा होई, जवना कारने मन प्रसन्न रही, अपनन के सहजोग भेंटी। बेयपार में चल रहल अड़चन दूर होई, मान-सम्मान में बढ़न्ती होई, कवनो परिचित व्यक्ति से लाभ प्राप्त होई।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज राउर समय निमन रही, जिनगी में कवनो बड़ निर्णय ले सकत बानी, पत्नी के प्रेम आ सहजोग मिली, बेयपार बेवसाय में चल रहल उतार चढ़ाव खतम होई। कवनो नया काम के सुरुआत कs सकत बानी, स्वास्थ ठीक रही।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज रउआ वाद-विवाद से दूर रहीं, कवनो रुकल काम केहू के माध्यम से बन सकत बा , कवनो बड़ काम मिलला से आर्थिक इस्थिति में सुधार होई, मानसिक तनाव खतम होई, परिवार में सबकर सहजोग मिली, बोली पs लगाम रखीं।

537780cookie-check06 मई 2023 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.