Sensex Opening Bell : शेयर बाजार से आइल बुरा खबर; सेंसेक्स 150 अंक टूटल; निफ्टी के कइसन बा हाल, इहां जानीं

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 11, 2024

हफ्ता के तीसरका कारोबारी दिन घरेलू शेयर बाजार में सुस्त सुरुआत भइल बा। सुरुआती कारोबार में सेंसेक्स 150 अंकन तक टूट गइल। ओहिजा, निफ्टी 25,000 के स्तर से फिसल गइल बा। बुध के बाजार खुलला

Share

Sensex : सेंसेक्स

हफ्ता के तीसरका कारोबारी दिन घरेलू शेयर बाजार में सुस्त सुरुआत भइल बा। सुरुआती कारोबार में सेंसेक्स 150 अंकन तक टूट गइल। ओहिजा, निफ्टी 25,000 के स्तर से फिसल गइल बा।

बुध के बाजार खुलला के बाद सुजलॉन शेयर में 3% के बढ़त दर्ज कइल गइल, जबकि टाटा मोटर्स के शेयर 3% तक टूट गइल।

सुबह नौ बजके 25 मिनट पs सेंसेक्स 110.06 (0.13%) अंक टूटके 81,800.72 के स्तर पs पहुंच गइल। ओहिजा, निफ्टी 7.10 (0.03%) अंकन के गिरावट के संगे 25,034.00 पs कारोबार करत दिखल।

घरेलू इक्विटी सूचकांक, सेंसेक्स आ निफ्टी, बुध के मामूली गिरावट के साथ खुलल। बाजार पs वैश्विक बाजारन के सुस्ती के असर दिखल। निवेशक अमेरिका में महंगाई के आंकड़ों के इंतजार में संयम बरत रहल बा लो। ई आंकड़ा फेडरल रिजर्व के आगामी दर निर्णय के प्रभावित कs सकत बा।

सेंसेक्स के शेयरन में टाटा मोटर्स, आईसीआईसीआई बैंक, इंफोसिस, एचडीएफसी बैंक, टाइटन आ टेक महिंद्रा के शेयर लाल निशान पs खुलल, जबकि एशियन पेंट्स, सन फार्मा, भारती एयरटेल, आईटीसी, एचयूएल आ बजाज फाइनेंस के शेयर हरियर निशान पs खुलल।

टाटा मोटर्स के शेयरन में सुरुआती कारोबार में 4% से जादे के गिरावट आइल, काहेकि कंपनी अपना इलेक्ट्रिक वाहनन आ लोकप्रिय कारन के कीमतन में 2.05 लाख रुपिया तक के कटौती कइले बिया। मानल जा रहल बा कि ई कटौती वृद्धि के कमजोर संभावना के देखते कइल गइल बा। एकरा बाद वैश्विक ब्रोकरेज फर्म यूबीएस l 825 रुपिया के लक्ष्य मूल्य पs कंपनी के शेयरन के ‘बेचे’ के रेटिंगो जारी कs देलस।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.