[the_ad_group id="30365"]

सांझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: भोजपुरी सिंगर बृजेश सिंह के तिलक में हर्ष फायरिंग… किशोर के मौत; रितेश पांडेय आ शिल्पी राज के मवजूदगी में चलल गोली, इलाज के दौरान मौत। बक्सर के बा घटना।
  2. बिहार: BJP MLA लखेंद्र 2 दिन खातिर सदन से निलंबित: माइक तुड़ला पs कार्रवाई, धरना पs बइठलें बीजेपी विधायक, स्पीकर के सुरक्षा देके बाहर निकालल गइल।
  3. उत्तर प्रदेश: काशी विश्वनाथ के स्पर्श खातिर ना देवे के होई शुल्क; मंगला आरती के फीस 500 रुपिया, भोग आरती खातिर देवे के होई 300 रुपिया।
  4. उत्तर प्रदेश: अखिलेश यादव बोललें- राम नवमी खातिर 1 लाख देला से का होई, सरकार 10 करोड़ देवे आ सब त्यौहार मनावे।
  5. झारखंड: शिक्षा मंत्री जगरनाथ महतो के तबीयत बिगड़ल, एयर एंबुलेंस से भेजल गइलें चेन्नई। मुख्यमंत्री हेमंत सोरेन लेले हालचाल के जानकारी।
  6. भोपाल गैस पीड़ितन के अतिरिक्त 7800 करोड़ रुपिया के मुआवजा ना मिली: केंद्र के अर्जी खारिज, सुप्रीम कोर्ट कहलस- 6 गुना जादा मुआवजा दिहल जा चुकल बा।
  7. भारत दुनिया के आठवां सबसे प्रदूषित देस: टॉप 20 प्रदूषित शहरन में 19 एशिया के, एमे 14 हमनी किहां के, IQ एयर के रिपोर्ट।
  8. पुणे में लईकन पs H3N2 वायरस के कहर: अस्पतालन के ICU भइल फुल, 5 साल से कम उमिर वाला सबसे जादे पीड़ित।
  9. इमरान खान के गिरफ्तारी करीब: लाहौर में कमांडो ऑपरेशन जारी- कमिश्नर घायल, खान के समर्थक लोग बोलल, अब लाशन के गिरे के खतरा।
  10. आज से सुरू होई ऑल इंग्लैंड बैडमिंटन चैंपियनशिप: 22 साल से कवनो भारतीय नइखे जीत सकल खिताब, सिंधु आ लक्ष्य सेन फाइनल खेल चुकल बा लोग।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]