Make In India पहल के बड़ सफलता, भारतीय वायुसेना के मिली नया परिवहन विमान

Anurag Ranjan

मेक इन इंडिया पहल के तहत भारतीय वायुसेना (IAF) एगो मध्यम परिवहन विमान (MTA) प्राप्त करे के प्रक्रिया सुरू कइले बा। देस में जल्दिये एकर मेन्युफेक्चरर कइल जाई। आईएएफ 3 जनवरी के कहलस कि परिवहन विमान के अलग-अलग भूमिकन खातिर इस्तेमाल कइल जाये वाला एमटीए के कार्गो ले जाये के क्षमता 18 से 30 टन के बीच होई।

मेक इन इंडिया

मेक इन इंडिया के माध्यम से देस अपना रक्षा क्षेत्र में व्यापक बदलाव के सुरुआत कइले बा। एह समय मिसाइल, फील्ड गन, टैंक, विमान वाहक, ड्रोन, लड़ाकू विमान, टैंक आ हेलीकॉप्टर जइसन अलग-अलग रक्षा प्लेटफार्मन के घरेलू निर्माण खातिर कइयन गो परियोजना चल रहल बा। एह परियोजनन के माध्यम से भारतीय सशस्त्र बलन के रक्षा आधुनिकीकरण के जरूरतन के पूरा कइल जा रहल बा।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।