[the_ad_group id="30365"]

इंटरमीडिएट में नामाकंन के लेके फर्स्ट मेरिट लिस्ट जारी, राजेन्द्र कॉलेज में साइंस के कटऑफ 95 प्रतिशत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा: बिहार बोर्ड इंटरमीडिएट 11वीं में एडमिशन खातिर फर्स्ट मेरिट लिस्ट जारी कs देले बा। अइसन में शहर के कंप्यूटर सेंटर, साईबर कैफे आदि में छात्रन के भीड़ जुटल सुरू हो गइल बा। ओएफएसएस के द्वारा ऑनलाईन एडमिशन के प्रक्रिया सुरू हो गइल बा। फर्स्ट मेरिट लिस्ट के छात्रन के एडमिशन करावे के अंतिम तिथि 3 जुलाई बा।

ओइसे एडमिशन लेवे वाला हर कॉलेज आ प्लस टू स्कूलन के अपना इहां एडमिशन लेवे वालन के डिटेल अगिला दिन हर हाल में अपलोड कs देवे के बा। सूत्रन के मानीं तs साइंस में प्रिमियर मानल जाये वाला राजेन्द्र कॉलेज के कटअफ 95 प्रतिशित रहल बा। ओहिजा, जगदम कॉलेज, रामजयपाल कॉलेज, जेपीएम कॉलेज आ गंगा सिंह कॉलेज में साइंस के कटऑफ 65 से 70 प्रतिशत के करीब रहल। ओहिजा कइयन गो प्लस टू स्कूल अपना इहां मैट्रिक उतीर्ण करे वाला छात्रन के एडमिशन के वेटेज दे रहल बा। ओइसन छात्र जेकर फर्स्ट लिस्ट में च्वाइस के मोताबिक कॉलेज के आवंटन नइखे, तबो छात्र के उहां एडमिशन करा लेवे के होई। एकरा बाद ऊ ओएफएसएल पोर्टल पs जाके स्लाइड अप के ऑप्शन चुने के बा। एसे बोर्ड अगिला मेरिट लिस्ट में ओइसन छात्रन के अनुरोध के धेयान में रखी। जदि छात्र लिस्ट में नाम होखला के बावजूद एडमिशन नइखे लेत तs ओकर नाम ओएफएसएल से हट जाई। जवना के बाद ओह छात्र के एडमिशन के दावा समाप्त हो जाई।

पहिला दिन नामांकन सुस्त, दूसरका दिन तेज

पहिला दिन बितल 27 जून के इंटरमीडिएट में एडमिशन के प्रक्रिया सूस्त रहल। 80 प्रतिशत से जादे संस्थानन में एडमिशन ना हो पाइल। बतावत चलीं की मंगर के बोर्ड द्वारा फर्स्ट मेरिट लिस्ट जारी कइल गइल रहे। अइसन में छात्र मेरिट लिस्ट में आपन नाम देखे आ जरूरी कागजात के इकठ्‌ठा करे में जुटल रहल। हालांकि बुध के शहर के प्रमुख कॉलेज सहित प्लस टू स्कूलन में एडमिशन खातिर छात्र-छात्रा लोगन के भीड़ उमड़ल सुरू हो गइल बा। बतावत चलीं कि 29 के छुट्टी बा। अइसन में छात्रन के लगे एडमिशन खातिर मात्र 4 दिन बाकी बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]