Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Rojgar Mela: आज एक लाख से जादे नियुक्ति पत्र बंटिहे PM नरेंद्र मोदी, कर्मयोगी भवन के रखिहें आधारशिला

ई परिसर मिशन कर्मयोगी के अलग-अलग हिस्सन के बीच सहजोग आ तालमेल के बढ़ावा दी। पीएम मोदी सोमार के सबेरे 10:30 बजे नियुक्ति पत्र वितरित करिहें। रोजगार मेला देसभर में 47 स्थानन पs आयोजित कइल जाई।

167

 

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सोमार के वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के माध्यम से सरकारी विभागन आ संगठनन में भर्ती एक लाख से जादे नवहन के नियुक्ति पत्र बंटिहे। पीएम एह अवसर पs नई दिल्ली में एकीकृत परिसर ‘कर्मयोगी भवन’ के पहिला चरण के आधारशिला रखिहें।

ई परिसर मिशन कर्मयोगी के अलग-अलग हिस्सन के बीच सहजोग आ तालमेल के बढ़ावा दिही। पीएम मोदी सोमार के सबेरे 10:30 बजे नियुक्ति पत्र वितरित करिहें। रोजगार मेला देसभर में 47 स्थानन पs आयोजित कइल जाई। एक पहल के तहत केंद्र सरकार के विभागन में भरती हो रहल बा आ राज्य/केंद्र शासित प्रदेश एह पहल के समर्थन कs रहल बा।

नवनियुक्त युवा अलग-अलग मंत्रालयन/विभागन जइसन राजस्व विभाग, गृह मंत्रालय, उच्च शिक्षा विभाग, परमाणु ऊर्जा विभाग, रक्षा मंत्रालय, वित्तीय सेवा विभाग, स्वास्थ्य एवं परिवार कल्याण मंत्रालय, जनजातीय मामलन के मंत्रालय आ रेलवे मंत्रालय में अलग-अलग पदन पs भरती होई।

735910cookie-checkRojgar Mela: आज एक लाख से जादे नियुक्ति पत्र बंटिहे PM नरेंद्र मोदी, कर्मयोगी भवन के रखिहें आधारशिला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.