Accident In Shahjahanpur: ट्रक के टक्कर से टाटा मैजिक सवार चार लोगन के मउत, 16 लोग घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 13, 2025

शाहजहांपुर के कलान थाना क्षेत्र के बदायूं मार्ग पs मदनपुर अवुरी बिचौला मार्ग पs बुध के रात टाटा मैजिक अवुरी ट्रक के टक्कर हो गईल, जवना के चलते चार लोग के मउत हो गईल। एह

Share

शाहजहांपुर में दुर्घटना

शाहजहांपुर के कलान थाना क्षेत्र के बदायूं मार्ग पs मदनपुर अवुरी बिचौला मार्ग पs बुध के रात टाटा मैजिक अवुरी ट्रक के टक्कर हो गईल, जवना के चलते चार लोग के मउत हो गईल। एह हादसा में 16 लोग घायल हो गइल बाड़े. घाही लोग के फर्रुखाबाद अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। सबेरे घटना स्थल पs मौका देख के लोग स्तब्ध रह गईले। जवना राजमार्ग में हादसा भईल रहे, उs पुरा खून से लाल रहे। 

बुध के रात करीब 11:15 बजे एगो तेज रफ्तार ट्रक टाटा मैजिक गाड़ी से टकरा गईल। दुर्घटना के बाद चिल्लाहट सुरु हो गईल। जानकारी पs पीआरवी टीम मौका पs पहुंच गईल। घाही लोग के फर्रुखाबाद जिला अस्पताल में भर्ती करावल गईल। दुर्घटना में श्यामवती (60 वर्ष) पत्नी मोहनलाल निवासी ग्राम कछलिय़ा, थाना टडियावा, हरदोई, सीतापुर के मौका पs मउत हो गईल। 

एही समय लवकुश (30 वर्ष) पुत्र नीलकंठ निवासी ग्राम फकरपुर, थाना पिसावां, सीतापुर और रामकुमारी (35 साल), पत्नी महेंद्र निवासी सिद्धपुर थाना खितौला, लखीमपुर के अस्पताल में इलाज के दौरान मउत हो गईल। एकरा अलावे 16 यात्री घाही हो चुकल बाड़े। सीओ जलालाबाद अमित चौरसिया कहले कि पिकअप में सवार सभ लोग सीतापुर से हरियाणा मजदूर के काम करे जात रहले। जवना ट्रक के दुर्घटना भईल ओकरा के तलाशी लिहल जाता। 

इs लोग भइले घायल
1.रोशन पुत्र प्रसादी निवासी ग्राम नवदिया, थाना पिसावां, जनपद सीतापुर

2.ठाकुर प्रसाद पुत्र नत्थूलाल निवासी ग्राम फकरपुर, थाना पिसावां, जनपद सीतापुर

3.संगम पुत्र लालता प्रसाद निवासी ग्राम रुकदीनपुर, थाना पिसावां, जनपद सीतापुर

4.अरुण पुत्र राजकुमार निवासी थाना महोली, जनपद सीतापुर

5.छोटी बिटिया पत्नी राहुल प्रसाद निवासी ग्राम रमुआपुर, थाना महोली, जनपद सीतापुर

6.रजनेश पुत्र बिरजू निवासी जलालपुर, थाना महोली, जनपद सीतापुर

7.रेखा पत्नी दिनेश निवासी वजीरनगर, थाना पिसावां, जनपद सीतापुर

8.संध्या पुत्री अरुण निवासी थाना महोली, जनपद सीतापुर

9.सूर्यांश पुत्र अरुण निवासी थाना महोली, जनपद सीतापुर

10.शिवानी पुत्री दिनेश निवासी ग्राम वजीरनगर, थाना पिसावां, जनपद सीतापुर

11.रामू पुत्र दिनेश निवासी ग्राम वजीरनगर, थाना पिसावां, जनपद सीतापुर

12.रितिका पुत्र राहुल प्रसाद निवासी रमुआपुर, थाना महोली, जनपद सीतापुर

13.उपेंद्र सिंह पुत्र ऋषिपाल निवासी ग्राम मड्डैया, थाना मोहम्मदी, जनपद खीरी

14.गोलू पुत्र महेंद्र निवासी सिद्धपुर, थाना खितौला, जनपद खीरी

15.अरुण पुत्र जगराम निवासी अयारी, थाना टडियावां, हरदोई

16.कमलकिशोर पुत्र रामू निवासी ग्राम कछलिया, थाना टडियावां, जनपद हरदोई

इहो पढ़ीं: शरीर में बढ़ गइल बा यूरिक एसिड के मात्रा, तs खाई इs चटनी जल्दिए नजर आई फर्क

    खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.