[the_ad_group id="30365"]

UP: कुशीनगर में बड़ हादसा… सड़क पs खड़ा ट्रक में घुसल ऑटो, चालक सहित चार के मौत; कइयन लोग घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के कुशीनगर जिला में बड़ सड़क हादसा भइल बा। हादसा में चार लोगन के मौत हो गइल बा। जबकि तीन लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल बा। घायलन के अस्पताल में भरती करावल गइल बा। मवका पs पहुंचल पुलिस जांच सुरू कs देले बिया।

जानकारी के अनुसार, कुशीनगर जिला के हाटा कप्तानगंज मार्ग के मथौली नगर पंचायत में किसान इंटर कालेज के सामने सड़क पs खड़ा गन्ना से लदल ट्रक में ऑटो भिड़ गइल। भीषण टक्कर में चार लोगन के मौत हो गइल।

हादसा बियफे के सबेरे करीब छव बजे भइल। ऑटो कप्तानगंज के ओर से आवत रहे। ऑटो में सवारी भरल रहे। ऑटो गन्ना लदल सड़क पs खड़ा ट्रक में पीछे से टक्कर मार देलस। हादसा में टेंपो में सवार दुगो पुरुष आ एगो महिला के मवका पs मौत हो गइल।

जबकि ऑटो चालक सहित चार लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल बा। घायलन के अस्पताल में भरती करावल गइल। इलाज के दौरान ऑटो चालक दम तुड़ देलस। हादसा के बाद चालक गन्ना से लदल ट्रक लेके फरार हो गइल। पुलिस जांच में जुटल बिया।

Read Also:

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]