[the_ad_group id="30365"]

Bihar News: पुलिस के अमानवीय चेहरा सामने आइल, सड़क के किनारे मछरी बेचे वाला के माल नाली में फेंक दिहल गइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सोशल मीडिया पs वायरल होखेवाला वीडियो के बारे में ट्रैफिक थाना के अध्यक्ष सुशील कुमार राहुल कहले कि उनका ए घटना के जानकारी नइखे। वीडियो सामने अइला के बाद मामला के जांच कइल जाता।

ऊपर देखाई देवे वाला तस्वीर सोशल मीडिया पs वायरल एगो वीडियो के हs, जवन कि बिहार शरीफ के मछरी बाजार के हs। जवना में साफ-साफ देखल जा सकता कि कइसे कुछ पुलिसकर्मी सड़क के किनारे मछरी बेचे वाला बेचे वाला के सामान सड़क के नीचे नाली में फेंकतारे। वीडियो में कुछ सड़क पs बेचे वाला पुलिस से निहोरा करत देखाई देतारे, लेकिन पुलिसकर्मी ओ लोग के अनदेखी करत अपना सामान के गोड़ से नाली में फेंकतारे। एह दौरान विक्रेता लोग के नाली में उतर के आपन सामान बटोरत भी देखल जा सकेला।

दरअसल, कुछ समय से ट्रैफिक रेगुलेशन के लेके सड़क के किनारे मछरी बेचे वाला आ पुलिस के बीच झगड़ा होखता। पुलिस के कहनाम बा कि सड़क के किनारे मछरी बेचे वाला विक्रेता बेहतर यातायात प्रणाली के कायम राखे में बाधा बनतारे। जबकि एह विक्रेता लोग के बाजार समिति में मछरी बेचे खातिर वातानुकूलित जगह उपलब्ध करावल गइल बा। बहुत चेतावनी के बावजूद जब ई विक्रेता जबर्दस्ती सड़क के किनारे आपन दोकान लगावेले तs जाम हो जाला। वायरल वीडियो के बारे में यातायात थाना के अध्यक्ष सुशील कुमार राहुल कहले कि उनका ए घटना के जानकारी ना रहे, बाकी अब मामला के जांच होखता।

एकरा संगे-संगे मछरी विक्रेता संघ के अध्यक्ष सुनील कुमार सिंह के कहनाम बा कि निगम के ओर से दिहल गइल बाजार समिति के वातानुकूलित जगह में सिर्फ एक-दु गड्डी आपन कारोबार कs सकतारे, जबकि कुल 28 गड्डी बाड़े संघ में भइल बा । एहसे निजी जमीन पट्टा पs लेले बाड़े आ गगन दीवान के नजदीक निर्माण के काम चलता। ऊ बतवले कि बरखा के बाद रामचंद्रपुर मछरी बाजार से शिफ्ट होखे के योजना बा। तब तक उनका प्रशासन से सबेरे 7:00 बजे तक मछरी बेचे के अनुमति मिल चुकल बा। हालांकि सड़क के किनारे मछरी बेचे वाला कुछ खुदरा व्यापारी के यातायात के समस्या के नाम पs पुलिस प्रशासन के ओर से नियमित रूप से परेशान कइल जाता।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]