शरीर में बढ़ गइल बा यूरिक एसिड के मात्रा, तs खाई इs चटनी जल्दिए नजर आई फर्क

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 13, 2025

यूरिक एसिड के समस्या आज के समय के एगो बड़ समस्या बा। यूरिक एसिड हमनी के शरीर में एगो वेस्ट पदार्थ हs जवन तब बनेला जब शरीर खाना-पीना में मौजूद प्यूरीन नामक रसायन के तोडेला।

Share

यूरिक एसिड

यूरिक एसिड के समस्या आज के समय के एगो बड़ समस्या बा। यूरिक एसिड हमनी के शरीर में एगो वेस्ट पदार्थ हs जवन तब बनेला जब शरीर खाना-पीना में मौजूद प्यूरीन नामक रसायन के तोडेला। आम तौर पs अधिकांश यूरिक एसिड हमनी के खून में घुल जाला। गुरदा से गुजरेला अवुरी पेशाब के माध्यम से शरीर से बाहर निकलेला। बाकिर जब शरीर में यूरिक एसिड के मात्रा बहुत जादा हो जाला तs एकरा के हाइपरयूरिसीमिया कहल जाला। हाई यूरिक एसिड बढ़े के एगो कारण बा हमनी के बदलत जीवनशैली अवुरी खानपान के आदत। अगर रउआ भी यूरिक एसिड के समस्या के नियंत्रित करे के चाहत बानी तs रउआ एह चीज से बनल चटनी के अपना आहार में शामिल कs सकेनी, एहसे हमनी के बता दी कि इs चटनी कईसे बनावल जाला।

भारत में रउरा खाली एक दू गो ना बलुक अनगिनत किसिम के चटनी मिल जाई. काहे कि चटनी भारतीय खाना के एगो महत्वपूर्ण हिस्सा हs। लंच आ डिनर में चटनी के जोड़ी बहुतायत से होला। चटनी के स्वाद में ही ना स्वास्थ्य में भी अद्भुत मानल जाला। अगर यूरिक एसिड के समस्या से भी परेशान बानी त धनिया अवुरी पुदीना के पत्ता से चटनी तैयार कs सकतानी। काहे कि धनिया आ पुदीना के पत्ता के स्वास्थ्य खातिर वरदान से कम ना मानल जाला।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ जानीं माता के सबसे प्राचीन ‘मुंडेश्वरी मंदिर’, जहवां मौजूद बा पंचमुखी शिवलिंग जवना के हर तीन दिन पs बदलत रहेला रंग

यूरिक एसिड के नियंत्रित करे खातिर धनिया-पुदीना के चटनी

यूरिक एसिड के नियंत्रित करे खातिर धनिया के पत्ता, पुदीना के पत्ता, हरियर मिर्चा, अदरक अवुरी नमक के मिला के चटनी तैयार कs सकतानी। एकरा के बनावे खातिर सबसे पहिले धनिया आ पुदीना के पत्ता के बढ़िया से धोवे के पड़ी। ओकरा बाद अदरक, हरियर मिर्चा आ पतई के मिक्सर ग्राइंडर में डाल के पीस लीं। जब चटनी तैयार हो जाई तs स्वाद के हिसाब से नमक डाल के एक बेर फेरु पीस लीं। चटनी तइयार हो गइल बा. 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.