[the_ad_group id="30365"]

बिहार में विकास के धारा : राज्य में 10 राज्य राजमार्गन के निर्माण, एशियन डेवलपमेंट बैंड करी सहयोग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार में 10 गो नया राज्य राजमार्ग बनावे खातिर रास्ता साफ हो गइल बा। एशियन डेवलपमेंट बैंक (एडीबी) के सहयोग से एह सड़कन के निर्माण के प्रक्रिया सुरू हो गइल बा। विकास आयुक्त के नेतृत्व में जांच समिति सभे दस गो एसएच के गठन के मंजूरी दे दिहले बिया। एकर प्रस्ताव आज-कल में केन्द्र के भेजल जाई। एकरा बाद एडीबी से लोन लेके सड़क बनावे के काम सुरू हो जाई। एह सड़कन के निर्माण से 13 गो जिला के लोग के सीधा फायदा होखी।

मय एसएच के निर्माण बिहार राज्य पथ विकास निगम के माध्यम से होई। निगम के अधिकारियन के मोताबिक विकास आयुक्त के सहमति मिलला के बाद अब वित्त विभाग केंद्रीय वित्त मंत्रालय के तहत काम करेवाला आर्थिक मामिला विभाग (डीईए) के आपन प्रस्ताव भेज दिही। एह प्रस्तावन पर मंथन कइल जाई। डीईए से मंजूरी मिलला के बाद बिहार सड़क बनावे खातिर एडीबी से लोन ले पाई। पथ निर्माण विभाग चालू वित्तीय वर्ष में 10 गो राज्य राजमार्ग अवुरी एगो पुल बनावे के फैसला कइले बा।एकरा तहत सुपौल के गणपतगंज से पर्व तक 53 किलोमीटर लंबा एसएच के निर्माण कइल जाई। छपरा आ सिवान से गुजरे वाला मांझी-दरौली गुठनी सड़क के निर्माण कइल जाई जवना के लंबाई 71.6 किलोमीटर बा। एही तरे बक्सर में ब्रह्मपुर-कुरनसराय-इटाडी-सरंजा-जलीपुर सड़क बनावल जाई। एकर लंबाई 81 किलोमीटर बा। वंगंगा-जेठियांगहलोर-भिंदुस राज्य राजमार्ग के नवादा आ गया से गुजरत बनावल जाई। एकर लंबाई 41.6 किलोमीटर होई। भोजपुर में 32.3 किलोमीटर लंबा आरा-एकौना-खैरा सहर सड़क बनावल जाई।

सीतामढ़ी-पुपरी-बेनीपट्टी सड़क बनी अब SH, 51.35 किलोमीटर लंबाई होई

एकरा संगे-संगे मधुबनी में मधुबनी-राजनगर-बाबूबरही-खुटौना एसएच के निर्माण होई, जवना के लंबाई 41.1 किलोमीटर होई। सीतामढ़ी आ मधुबनी से गुजरे वाला सीतामढ़ी-पुपरी-बेनीपट्टी रोड अब एसएच बन जाई। एकर लंबाई 51.35 किलोमीटर होई। बांका आ भागलपुर से गुजरत 58 किलोमीटर ढोरैया-अंग्रेजी मोद-असरगंज एसएच के निर्माण कइल जाई। अतरवेल से जाले तक 45 किलोमीटर एसएच के निर्माण होई। सड़क के अलावे मुजफ्फरपुर के हथौरी-अथर-बभंगामा-औरई सड़क पs आथर-बभनगावा के बीच बागमती नदी पs एगो उच्च स्तर के पुल अवुरी पहुंच मार्ग बनावल जाई।

एह जिलन के मिली लाभ

जवना जिला के एह योजना से लाभ मिले वाला बा ऊ जिला बा। सुपौल, छपरा, सिवान, बक्सर, नवादा, गया, भोजपुर, मधुबनी, सीतामढ़ी, बांका, भागलपुर, मुजफ्फरपुर आ दरभंगा।

सब सड़क अभी 10 मीटर से कम चौड़ा बा

जवन दस गो एसएच बनावे के बा ओहमें से तीन गो पहिलहीं से बा, जबकि सात गो सड़क प्रमुख जिला सड़क (एमडीआर) बा। बाकिर मय सड़कन के चौड़ाई 10 मीटर से कम बा। एडीबी के मदद से एह सभ सड़क के कम से कम 10 मीटर चौड़ा बनावल जाई। एह सड़कन के उपयोगिता के देखत विभाग संबंधित क्षेत्र के सर्वेक्षण कइले रहे। सड़कन के चौड़ा होखला के बाद एह शहरन में जाम के समस्या दूर हो जाई आ कम समय में लोग एक जगे से दोसरा जगे जा सकी लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]