भदोही में पुजारी के हत्या: धारदार हथियार से गला रेत के उतरले मौत के घाट

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 30, 2024

भदोही नगर से सटल 52 बीघा तालाब के हनुमान मंदिर के पुजारी के रविवार के रात गला काट के बदमाश हत्या कऽ देले। सबेरे मंदिर में जाए वाला लोग जब पुजारी के खून से लथपथ

Share

भदोही नगर से सटल 52 बीघा तालाब के हनुमान मंदिर के पुजारी के रविवार के रात गला काट के बदमाश हत्या कऽ देले। सबेरे मंदिर में जाए वाला लोग जब पुजारी के खून से लथपथ लाश देखले तऽ उऽ लोग चौंक गइले। गांव के लोग से सूचना मिलला के करीब एक घंटा बाद पुलिस पहुंचल, लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर भेज देलस।

इ बा मामला

सुरियावां नगर में इस्थित 52 बीघा पोखरा पs प्राचीन हनुमान मंदिर बा। सीताराम करीब दु दशक पहिले बिहार से इहाँ आइल रहले। शहर के लोग 10 साल पहिले उनका के मंदिर के पुजारी बनवले रहले। तब से उऽ रोज सबेरे-सांझ मंदिर में पूजा-अर्चना करत रहले अवुरी उहाँ रहत रहले।

इहाँ सोमवार के सबेरे जब स्थानीय लोग मंदिर में पूजा करे आईल तऽ सीताराम पुजारी (65 साल) के लाश मंदिर में पड़ल मिलल। बदमाश ओकरा गर्दन पs तेज हथियार से हमला कइले रहले। मंदिर के घंटी आ चंदा के डिब्बा गायब रहे। सूचना के बाद पुलिस मौका पs पहुंच गइल।

पुलिस के कामकाज के लेके स्थानीय लोग में आक्रोश मचल रहे। नागरिक लोग के कहनाम बा कि पहिले सांझ के मंदिर के आसपास नशा के आदी के संगे बदमाश के जुटान होखत रहे। पुलिस में पहिले 6 से सात बेर शिकायत भइल बाकिर पुलिस लापरवाही रहल। एकर नतीजा इ भइल में बदमाश पुजारी के हत्या के घटना के अंजाम देले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.