ग्वालियर रेलवे स्टेशन पs आग लगला से भगदड़ मच गइल। बतावल जाता कि स्टेशन के प्लेटफार्म नम्बर एक पs वीआईपी रूम में आग लगला के बाद अराजकता मच गईल। ई घटना प्लेटफार्म नंबर एक पs भइल.
शुरुआती जानकारी के मुताबिक शार्ट सर्किट के चलते वीआईपी रूम में आग लाग गईल। आग लगला के जानकारी मिलते फायर ब्रिगेड के गाड़ी मौका पs पहुंच के आग पs काबू पावे के कोशिश शुरू कs देले। मौका पs रेलवे के अधिकारी, आरपीएफ अवुरी जीआरपी पुलिस भी मौजूद बा।
आग लगला के बाद भईल अराजकता अवुरी भगदड़ के चलते ट्रेन के आवाजाही बंद हो गईल। एकरा चलते स्टेशन से पहिले बहुत ट्रेन रुक गईल।
इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: करीं इs 3 गो योगासन, तेजी से बढ़े लागी रुकल हाइट