[the_ad_group id="30365"]

रामलीला में शिव के किरदार निभा रहल कलाकार के मौत: आरती के दौरान छटपटाए लगलें, तनिये घरी में रुक गइल सांस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जौनपुर के बेलासिन गांव में सोमार के रात करीब ग्यारह बजे रामलीला के पहले दिन हृदयाघात से एक पात्र के मौत हो गइल। जौने समय घटना भइल, ओ समय रामलीला में भगवान शिव के आरती होत रहे। घटना के बाद रामलीला रोक दीहल गइल अउर एह बरिस मंचन न करवले के घोषणा क देहल गइल।

बेलासिन में आदर्श रामलीला समिति करीब 52 साल लीला करत आ रहल बा। रामलीला कमेटी के 12 साल से सदस्य राम प्रसाद उर्फ छब्बन पाडेय (55) भगवान शिव के स्वरूप धारण करत रहनें9। बाद में ऋषि मुनियन के स्वरूप धारण करत रहनें। छब्बन पांडेय सोमार के रात में रामलीला के पहिले दिन शिव रूप में तैयार हो के मंच पर पहुंचलें, शुरूआत में आरती होत रहल तब्बे ऊ अचानक पीछे के ओर गिरलें अउर पसीना आवे लागल। अन्य कलाकार उ कमेटी के लोग उनके निगचे अस्पताल ले गइलें, जहां डॉक्टर मृत घोषित कर दिहलें। घटना से रामलीला देखने वालन अउर कमेटी के सदस्यन, पदाधिकारियन में शोक फैल गइल।

शिव का रोल निभा रहे शख्स की मौत

शिव के रोल निभा रहल आदमी के मौत 

पूर्व प्राचार्य डॉ. राम शृंगार शुक्ल बतावेने कि दो बरिस से ऊ प्रबंधन के काम छोड़ के अपने संरक्षण में ही रामलीला करावत रहलें। छब्बन पांडेय सोमार के रात में रामलीला मंच पर भगवान शिव के किरदान निभावत रहलें। ओही समय हृदयाघात भइल अउर गिरकर छटपटाए लगलें। उनके पर्दा के पीछे ले जाइल गइल। बाद में उनकर मौत हो गइल।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]