[the_ad_group id="30365"]

सिक्किम में बड़ सड़क हादसा, सेना के ट्रक खाई में गिरल, 16 जवान शहीद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सिक्किम में बड़ सड़क हादसा भइल बा। इहां एगो दर्दनाक सड़क हादसा में सेना के 16 जवान शहीद हो गइल बानें। सेना के अधिकारी के मुताबिक घटना जेमा, उत्तरी सिक्किम में भइल। दुर्घटनाग्रस्त वाहन तीन वाहन के काफिला हिस्सा रहल, जौन चटन से बिहाने थंगू ओर बढ़त रहल।

पीआरओ डिफेंस लेफ्टिनेंट कर्नल महेंद्र रावत के मुताबिक, जेमा के रास्ता में गाड़ी एक तिरछा मोड़ पर एगो ठाढ़ ढलान पर फिसल गइल। बचाव अभियान तुरंत शुरू कइल गइल अउर चार घायल सैनिकन के हवाई मार्ग से निकालल जा रहल बा। एहमें दुर्भाग्य से तीन जूनियर कमीशंड अधिकारियन अउर 13 सैनिक दुर्घटना में लागल चोट के चलते दम तूड़ दिहलें। एह दुख के घड़ी में भारतीय सेना शोक संतप्त परिवारन के संगे ठाढ़ बा।

घटना पs रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह दुख जतवलें। ऊ कहनें कि उत्तरी सिक्किम में एगो सड़क दुर्घटना के चलते भारतीय सेना के जवानन के जान गइले से गहीर दुख बा। राष्ट्र उनके सेवा अउर प्रतिबद्धता खातिर हृदय से आभारी बा। शोक संतप्त परिवारन के संगे हमार संवेदना बा। घायलन के जल्दी ठीक होखले के प्रार्थना करतनीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]