यूपी आ MP में फेर ट्रेन के पलटले के साजिश, रेल ट्रैक पs मिलल लोहा के छड़ आ सीमेंटेड स्लीपर

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 9, 2024

    एक बेर फेरु मध्य प्रदेश आ उत्तर प्रदेश में ट्रेन पलटे के साजिश के मामला सामने आइल बा. मंगल के दिने ग्वालियर में रेल पटरी पs लोहा के एगो भारी फ्रेम पड़ल मिलल.

Share

दुर्घटना: न्यूज़

 

 

एक बेर फेरु मध्य प्रदेश आ उत्तर प्रदेश में ट्रेन पलटे के साजिश के मामला सामने आइल बा. मंगल के दिने ग्वालियर में रेल पटरी पs लोहा के एगो भारी फ्रेम पड़ल मिलल. मालगाड़ी चालक के सतर्कता के चलते दुर्घटना टल गईल। जानकारी के मुताबिक देर रात ग्वालियर के बिरलानगर स्टेशन के नजदीक मालगाड़ी के पटरी पs लोहा के छड़ी पड़ल मिलल। ओही पटरी पs एगो मालगाड़ी आवत रहे बाकिर समय रहते ओकरा के रोक दिहल गइल.

पुलिस के अबे ले नाहीं मिलल कवनो सुराग

एकरा चलते ट्रेन के पटरी से उतरे से बचावल गईल। आरपीएफ अवुरी जीआरपी मामला के छानबीन शुरू कs देले बा। आरोपी के खिलाफ मामला दर्ज करावल गईल बा। पास के सीसीटीवी फुटेज भी देखल जा रहल बा। फिलहाल पुलिस के अबे ले कवनो सुराग नईखे मिलल।

यूपी में भी ट्रेन के पटरी से उतारे के साजिश

दूसर ओर यूपी में एक बार फेर ट्रेन पलटे के साजिश के मामला सोझा आईल बा। रायबरेली में सीमेंट वाला स्लीपर से मालगाड़ी के टक्कर भइल हालांकि कवनो बड़ दुर्घटना ना भईल। आशंका बा कि खेत में राखल तीन गो स्लीपर के खींच के पटरी पs ले आवल गइल. देर रात भईल एs दुर्घटना के बाद मालगाड़ी 15 मिनट ले खड़ा रहे। इs घटना रायबरेली के लक्ष्मणपुर स्टेशन के नजदीक भईल।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.