ग्वालियर रेलवे स्टेशन पs लागल भीषण आग, मचल भगदड़, ट्रेनन के रोकल गइल

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 25, 2025

ग्वालियर रेलवे स्टेशन पs आग लगला से भगदड़ मच गइल। बतावल जाता कि स्टेशन के प्लेटफार्म नम्बर एक पs वीआईपी रूम में आग लगला के बाद अराजकता मच गईल। ई घटना प्लेटफार्म नंबर एक पs

Share

ग्वालियर रेलवे स्टेशन पs लागल भीषण आग

ग्वालियर रेलवे स्टेशन पs आग लगला से भगदड़ मच गइल। बतावल जाता कि स्टेशन के प्लेटफार्म नम्बर एक पs वीआईपी रूम में आग लगला के बाद अराजकता मच गईल। ई घटना प्लेटफार्म नंबर एक पs भइल.

शुरुआती जानकारी के मुताबिक शार्ट सर्किट के चलते वीआईपी रूम में आग लाग गईल। आग लगला के जानकारी मिलते फायर ब्रिगेड के गाड़ी मौका पs पहुंच के आग पs काबू पावे के कोशिश शुरू कs देले। मौका पs रेलवे के अधिकारी, आरपीएफ अवुरी जीआरपी पुलिस भी मौजूद बा। 

आग लगला के बाद भईल अराजकता अवुरी भगदड़ के चलते ट्रेन के आवाजाही बंद हो गईल। एकरा चलते स्टेशन से पहिले बहुत ट्रेन रुक गईल। 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: करीं इs 3 गो योगासन, तेजी से बढ़े लागी रुकल हाइट

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.