[the_ad_group id="30365"]

आपातकालीन लैंडिंग : अरब सागर में हेलीकाप्टर के आपातकालीन लैंडिंग, ओएनजीसी सवार सात में से पांच के बचवलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुंबई का लगे अरब सागर के बम्बई हाई का लगे आजु हेलीकाप्टर के आपात लैंडिंग कइल गइल. एकरा में सात यात्री अवुरी दु पायलट बाड़े। इ इमरजेंसी लैंडिंग ओएनजीसी के रिग ‘सागर किरण’ के लगे भईल रहे। ओएनजीसी तत्काल राहत आ बचाव अभियान चलावत अबले पाँच जने के बचा लिहले बिया.

ऑयल एंड नेचुरल गैस कॉरपोरेशन लिमिटेड (ओएनजीसी) ट्वीट में कहलस कि, हेलीकाप्टर बंबई हाई में अपना तेल खनन क्षेत्र के नजदीक इमरजेंसी में उतरल। ओएनजीसी के टीम भी बचे वाला लोग के बाहर निकाले में लागल बिया।

भारतीय तटरक्षक बल के मुताबिक इ हेलीकाप्टर ओएनजीसी के ह। सागर किरण के लगे खाई में गिर गईल बा। मुंबई तट से बचाव आ राहत के काम खातिर एगो जहाज भेजल गइल बा.

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]