[the_ad_group id="30365"]

मैहर में बड़ हादसा, डंपर आ बस के टक्कर में 6 लोगन के मउत, 20 घायल

डंपर आ बस के टक्कर में 6 लोगन के मउत: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

जिला में एगो दुखद सड़क दुर्घटना में 6 लो के मउत हो गईल। बतावल जाता कि यात्री सवार एगो बस डंपर से टकरा गईल। एs दुर्घटना के बाद बस में सवार 6 लो के मउत हो गईल। फिलहाल 17-20 लो घायल बतावल जाता। दुर्घटना के बाद घायल लो के तुरंत नजदीक के अस्पताल में भर्ती करावल गईल, जहां उनुकर इलाज हो रहल बा। बतावल जाता कि प्रयागराज से यात्री के संगे बस नागपुर जात रहे, एs दौरान बस सड़क के किनारे खड़ा डंपर से टकरा गईल, जवना के चलते इs दुर्घटना भईल।

घटना के जानकारी देत ​​मैहार के एसपी सुधीर अग्रवाल बतवले कि इहाँ एगो दुर्घटना के जानकारी मिलल बा, जवना में 17-20 लोग घायल बाड़े। उs बतवले कि एs दुर्घटना में 6 लोग के मउत हो चुकल बा। घटना के बारे में आगे बतावत उs कहले कि इs बस प्रयागराज से नागपुर जात रहे। बस तेज रफ्तार से जात रहे कि साइड में डंपर खड़ा रहे, जवना में पत्थर से भरल रहे। बस ओह डंपर से टकरा गइल. टक्कर के चलते बस के आगे के हिस्सा के नुकसान पहुंचल बा, जवना के चलते इs दुर्घटना भईल।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]