Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Ayodhya: उद्घाटन के पहिले साड़ियन के गोदाम में लागल आग, 15 लाख रुपिया के सामान राख

316

अयोध्या जिला के बीकापुर कोतवाली इलाका के शेरपुर पारा बाजार में प्रयागराज राजमार्ग के किनारे स्थित साड़ी के गोदाम में बियफ़ें के रात 12 बजे अज्ञात कारन से अचानक आग लाग गईल। दुर्घटना के चलते गोदाम में राखल करीब 15 लाख रुपिया के सामान जर के राख हो गईल।

दुकान संचालक पंकज यादव के कहनाम बा कि अबे भी दोकान के उद्घाटन के तैयारी हो रहल बा। उद्घाटन से पहिले भी गोदाम में अचानक आग लाग गईल अवुरी गोदाम में राखल सभ समान जर के राख हो गईल।

हल्ला मचावे के बाद नजदीकी लोग अवुरी पीआरबी पुलिस से सूचना मिलला के बाद फायर ब्रिगेड के टीम करीब डेढ़ घंटा के मेहनत के बाद आग के काबू में कs लेलस। बीकापुर तहसील आ थाना में जानकारी देके शिकायत दर्ज करावल गइल बा।

आशंका बा कि दोकान में कवनो अनजान आदमी आग लगा देले बा। आग लगला के चलते गोदाम के दोकान के छत अवुरी दीवार के भी नुकसान पहुंचल बा।

 

 

726780cookie-checkAyodhya: उद्घाटन के पहिले साड़ियन के गोदाम में लागल आग, 15 लाख रुपिया के सामान राख

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.