[the_ad_group id="30365"]

Ayodhya: उद्घाटन के पहिले साड़ियन के गोदाम में लागल आग, 15 लाख रुपिया के सामान राख

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अयोध्या जिला के बीकापुर कोतवाली इलाका के शेरपुर पारा बाजार में प्रयागराज राजमार्ग के किनारे स्थित साड़ी के गोदाम में बियफ़ें के रात 12 बजे अज्ञात कारन से अचानक आग लाग गईल। दुर्घटना के चलते गोदाम में राखल करीब 15 लाख रुपिया के सामान जर के राख हो गईल।

दुकान संचालक पंकज यादव के कहनाम बा कि अबे भी दोकान के उद्घाटन के तैयारी हो रहल बा। उद्घाटन से पहिले भी गोदाम में अचानक आग लाग गईल अवुरी गोदाम में राखल सभ समान जर के राख हो गईल।

हल्ला मचावे के बाद नजदीकी लोग अवुरी पीआरबी पुलिस से सूचना मिलला के बाद फायर ब्रिगेड के टीम करीब डेढ़ घंटा के मेहनत के बाद आग के काबू में कs लेलस। बीकापुर तहसील आ थाना में जानकारी देके शिकायत दर्ज करावल गइल बा।

आशंका बा कि दोकान में कवनो अनजान आदमी आग लगा देले बा। आग लगला के चलते गोदाम के दोकान के छत अवुरी दीवार के भी नुकसान पहुंचल बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]