[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur: पेड़ से टकरा के गड्ढा में गिरल स्कूल बस, 2 गो लइका के मउत, टीचर-कर्मचारी हो गइले फरार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

गोरखपुर दुर्घटना : प्रत्यक्षदर्शी के कहनाम बा कि स्कूल बस तेजी से चलत रहे अवुरी आगे से डंपर आवत रहे। एही बीच बस चालक के नियंत्रण हट गईल अवुरी बस एगो पेड़ से टकरा के गड्ढा में गिर गईल। दुर्घटना के जानकारी मिलला पs डीएम-एसपी अवुरी लइका के परिवार के लोग मउका पs पहुंचले।

गोरखपुर: गोरखपुर के सीकरीगंज के ढेबरा बाजार के लगे शुक के सबेरे एगो दुखद हादसा हो गइल। सबेरे करीब साढ़े आठ बजे अमेरिकी सेंट्रल एकेडमी के बस बेकाबू होके एगो गड्ढा में गिर गईल जवना से दु स्कूली लइका लो के मउत हो गईल। संगही 14 गो लइका घाही हो गईले। घायल लइकन के अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा।

प्रत्यक्षदर्शी के कहनाम बा कि स्कूल बस तेजी से चलत रहे अवुरी आगे से डंपर आवत रहे। एही बीच बस चालक के नियंत्रण हट गईल अवुरी बस एगो पेड़ से टकरा के गड्ढा में गिर गईल। दुर्घटना के जानकारी मिलला पs डीएम-एसपी अवुरी लइका के परिवार के लोग भी मउका पs पहुंचले। जवना के बाद मउका पs चिल्लाहट होखत रहे। दुर्घटना में लइका के गंवावे वाला अभिभावक स्कूल पहुंचले। जवना के बाद स्कूल के शिक्षक अवुरी कर्मचारी उहाँ से भाग गईले। फिलहाल पुलिस परिवार के लोग के मनावे के कोशिश करतिया।

दूसर ओर मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ दुर्घटना के संज्ञान लेके दुख जतवले। मरेवाला के शोक संतप्त परिवार के प्रति संवेदना जतावत उs अधिकारी के तुरंत मउका पs पहुंच के राहत के काम में तेजी ले आवे के निर्देश देले। इहो निर्देश दिहल गइल बा कि घायल लोग के उचित इलाज करावे के चाहीं।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]