[the_ad_group id="30365"]

Jharkhand : रांची के खादगड़ा बस स्टैंड में खड़ा बस में लागल आग, दु लोग के जरके भइल मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Ranchi News: दीवाली के रात रांची के खादगढ़ा बस स्टैंड से अप्रिय घटना घटला के खबर बा। इहां बीतल रात मूनलाइट नाम के बस में आग लगला के वजह से बस में सुत रहल दु लोगन के जर के मौत हो गइल। दुनो मृतकन के पहचान मदन महतो आ इब्राहिम के रूप में भइल बा। एह दुनू के बस के ड्राइवर आ खलासी बतावल जा रहल बा।

बस में दीया जरावे से लगल आग

घटना के संबंध में बतावल जा रहल बा कि ई देर रात घटल बा। फिलहाल खादगढ़ा टीओपी ममिला के जांच कर रहल बिया। मिलल जानकारी के मोताबिक बस रांची से सिमडेगा मार्ग प चलत रहे। पुलिस के मोताबिक दिवाली के रात दीया जरा के बस में रखला के वजह से आग लगल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]