Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Jharkhand : रांची के खादगड़ा बस स्टैंड में खड़ा बस में लागल आग, दु लोग के जरके भइल मौत

Ranchi News: दीवाली के रात रांची के खादगढ़ा बस स्टैंड से अप्रिय घटना घटला के खबर बा। इहां बीतल रात मूनलाइट नाम के बस में आग लगला के वजह से बस में सुत रहल दु लोगन के जर के मौत हो गइल। दुनो मृतकन के पहचान मदन महतो आ इब्राहिम के रूप में भइल बा। एह दुनू के बस के ड्राइवर आ खलासी बतावल जा रहल बा।

504

बस में दीया जरावे से लगल आग

घटना के संबंध में बतावल जा रहल बा कि ई देर रात घटल बा। फिलहाल खादगढ़ा टीओपी ममिला के जांच कर रहल बिया। मिलल जानकारी के मोताबिक बस रांची से सिमडेगा मार्ग प चलत रहे। पुलिस के मोताबिक दिवाली के रात दीया जरा के बस में रखला के वजह से आग लगल बा।

361340cookie-checkJharkhand : रांची के खादगड़ा बस स्टैंड में खड़ा बस में लागल आग, दु लोग के जरके भइल मौत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.