Asteroid 2024 Yr4: पृथ्वी खातिर एस्टेरॉयड के खतरा मानल जाला। कहल जाला कि जदि कबो पृथ्वी से एस्टेरॉयड टकरात बा, तs तबाही मच जाई। वैज्ञानिक लोग कइयन गो अइसन संभावना जतवले बा कि पृथ्वी से एस्टेरॉयड के टक्कर हो सकत बा, बाकिर कबो अइसन नइखे भइल। वैज्ञानिक लोग अब एगो एस्टेरॉयड के खोज कइले बा लो, जवना के धरती से टकराये के संभावना जतावल गइल बा। अब ई एस्टेरॉयड वैज्ञानिकन के चिंता बढ़ा देले बा।
दरअसल, अब वैज्ञानिक आशंका जतवके बा कि ई एस्टेरॉयड चंद्रमा से टकरा सकत बा। एकर नाम 2024 YR4 रखल गइल बा आ धरती खातिर खतरनाक बतावल गइल बा। अमेरिकी अंतरिक्ष एजेंसी नासा कहलस कि एह एस्टेरॉयड के साल 2032 में पृथ्वी से टकरावे के संभावना बढ़ गइल बा। नासा के सेंटर फॉर नियर अर्थ ऑब्जेक्ट स्टडीज कहले बा कि एस्टेरॉयड 2024 YR4 के धरती से टकरावे के संभावना अब 2.3 प्रतिशत बा, जवन बीतल साल दिसंबर से अनुमानित 1.3 फीसदी जादे बा।
अमेरिकी अंतरिक्ष एजेंसी नासा के कहनाम बा कि एकरा पृथ्वी से सबसे नजदीकी से टकराये के संभावना अब 43 में से 1 बा। नासा बतवले बा कि एस्टेरॉयड 2024 YR4 22 दिसंबर 2032 के पृथ्वी से टकरा सकत बा।हालांकि, विशेषज्ञ लोग कहले बा कि घबरइला के जरूरत नइखे।
धरती के तरफ बढ़ रहल विशाल एस्टेरॉयड के लेके वैज्ञानिक चिंतित बा लो। एकर कारण ई बा कि एगो नया अध्ययन में एस्टेरॉयड 2024 YR4 के चांद से टकराये के अंदेसा जतावल गइल बा। अमेरिकी अंतरिक्ष एजेंसी नासा के सेंटर फॉर नियर अर्थ ऑब्जेक्ट स्टडीज एह एस्टेरॉयड के पृथ्वी से टकराये के संभावना के एक से बढ़ाके 2.3 प्रतिशत कs दिहल गइल बा।
एगो मीडिया रिपोर्ट के मोताबिक, एरिजोना विश्वविद्यालय के खगोलशास्त्री डेविड रैंकिन के गणना के मोताबिक, एह एस्टेरॉयड के चंद्रमा से टकराये के 0.3 फीसदी संभावना बा। अगर अइसन भइल बा तs चनरमा पs एगो विशाल गड़हा बन जाई आ मलबा अंतरिक्ष में फइल जाई। एकरा संगही एकर कुछ मलबा पृथ्वियो पs गिर सकत बा।
चांद से टक्कर होई, तs का होई?
वैज्ञानिक लोग बतावल कि चनरमा पs धरती जइसन वायुमंडल नइखे। एकरा कारण एस्टेरॉयड के टक्कर से चनरमा पs सईयन मीटर चौड़ा गड़हा बन सकत बा। जदि 2024 YR4 के चनरमा से टक्कर होला, तs कुछ मलबा पृथ्वियो पs गिर सकत बा। डॉक्र्टर रैंकिन एगो बातचीत में कहलें कि एह बात के संभावना बा कि कुछ मलबा धरती पs गिरी, बाकिर हमरा लागत बा कि धरती पs कवनो बड़ खतरा उत्पन्न ना होई।
विशेषज्ञ गंभीर नुकसान के आशंका जतावल लोग
एह खतरनाक एस्टेरॉयड 2024 YR4 के आकार 40 से 90 मीटर के बीच बा। पहिले वैज्ञानिक लोग एकर पृथ्वी से टकराये के 1.3 फीसदी संभावना जतवले रहे, अब 2.3 कs दिहल गइल ना। विशेषज्ञन के कहनाम बा कि जदि पृथ्वी पs कवनो आबादी वाला इलाका से ई एस्टेरॉयड टकरात बा तs गंभीर नुकसान हो सकत बा। हालांकि, संभावना जतावल गइल बा कि YR4 समुद्र भा धरती के कवनो दूरस्त इलाका में गिरी। अभी ई धरती से बहुत दूर बा। एकरा के तय कइल ई मुश्किल बा कि टकरइला पs एकरा से का प्रभाव होई।