Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Railway News: मिर्जापुर में बचल बड़ हादसा, क्रेन से टकराइल राजधानी एक्सप्रेस, इंजन क्षतिग्रस्त, परिचालन बाधित

सियालदह से चलके नई दिल्ली जाये वाली राजधानी एक्सप्रेस के इंजन मिर्जापुर में क्रेन से टकरा गइल। घटना में राजधानी एक्सप्रेस के इंजन क्षतिग्रस्त हो गइल। ओहिजा ओएचई तार टूटला के कारण रेल परिचालन बाधित हो गइल। 

734

सियालदह से चलके नई दिल्ली जाये वाली राजधानी एक्सप्रेस मिर्जापुर जिलात में हादसा के शिकार होखे से बाल-बाल बचल। झिंगुरा रेलवे क्रासिंग के लगे सुक के सांझ राजधानी एक्सप्रेस (गाड़ी संख्या-12314) एगो क्रेन से टकरा गइल। पायलट समय रहते इमरजेंसी ब्रेक लगा देलस। जवना से बड़ हादसा टल गइल। ट्रेन से टकरइला के बाद क्रेन के एगो हिस्सा ओएचई से टकरा गइल, जवना से तार के संगही एगो पोल टूट गइल। क्रेन से टक्कर के बाद ट्रेन के इंजन क्षतिग्रस्त हो गइल आ अप आउर डाउन लाइन पs परिचालन प्रभावित हो गइल।

रेलवे स्टेशन के माध्यम से सूचना एनसीआर मुख्यालय के दिहल गइल। मवका पs राहत बचाव के काम सुरू भइल। एक घंटा में अप लाइन सुरू कs दिहल गइल बाकिर डाउन लाइन पs अभियो रेल परिचालन बंद बा। कुछ ट्रेनन के रूट के डायवर्ट कइल गइल बा।

जोर के झटका लागल, ट्रेन में मचल चीखपुकार

प्रयागराज-मुगलसराय रूट पs ट्रेनन के रफ्तार 160 किलोमीटर प्रतिघंटा करे के काम चल रहल बा। सियालदह से चलके नई दिल्ली के जाये वाली सियालदह राजधानी एक्सप्रेस 12 घंटा से जादे के देरी से सांझ के पांच बजे के करीब झिंगुरा से गुजरत रहे। प्रत्यक्षदर्शियन के मोताबिक रेलवे ट्रैक के बगल में काम चलत रहे। क्रेन के एगो हिस्सा ट्रेन के इंजन से टकरा गइल।

पायलट के इमरजेंसी ब्रेक लगवला के बावजूद जोरदार टक्कर से इंजन क्षतिग्रस्त हो गइल। ओहिजा टक्कर के बाद क्रेन के एगो हिस्सा ओएचई से जा टकराइल आ तार के संगही एगो पोल टूट गइल।

दुर्घटना के बाद खड़ा सियालदह राजधानी फोटो क्रेडिट (अमर उजाला)

 

टक्कर आ इमरजेंसी ब्रेक लगला के वजह से यात्रियन के जोर के झटका लागल आ ट्रेन में चीख पुकार मच गइल। घटना के बाद अप आ डाउन लाइन पs परिचालन प्रभावित हो गइल। जहां तहां दर्जनभर से बेसी ट्रेन खड़ा हो गइली सs।

तीन घंटा के बाद रवाना भइल ट्रेन

घटना के सूचना झिंगुरा स्टेशन के माध्यम से एनसीआर मुख्यालय के दिहल गइल। राहत के काम सुरू कs दिहल गइल। आनन-फानन में रेलवे के टीम काम कs के एक घंटा बाद अपलाइन पs संचालन सुरू कइल बाकिर डाउन लाइन अभियो प्रभावित बा। टक्कर के बाद राजधानी एक्सप्रेस खड़ा रहल।

रात आठ बजे के करीब ट्रेन में दोसर इंजन लगाके ओकरा के रवाना कइल गइल। मिर्जापुर, विंध्याचल, चुनार, मुगलसराय, प्रयागराज सहित कइयन गो स्टेशनन पs यात्री ट्रेन के इंतजार करत देखल गइल लोग। दु गो ट्रेनन के डायवर्ट कs के डीएफसी (डेडिकेटेड फ्रेट कारिडोर) रूट से भेजल गइल।

437640cookie-checkRailway News: मिर्जापुर में बचल बड़ हादसा, क्रेन से टकराइल राजधानी एक्सप्रेस, इंजन क्षतिग्रस्त, परिचालन बाधित

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.