[the_ad_group id="30365"]

छपरा से आवे-जायेवाली 3 जोड़ी ट्रेन 11-17 जून तक रद्द: एगो ट्रेन के रूट बदलल, देखीं पूरा लिस्ट 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रेलवे अपना मूलभूत सुविधा के अपडेट करत जतरा के सुगम आ सरल बनावे खातिर लगातार प्रयासरत बा। पूर्वोत्तर रेलवे के वाराणसी मंडल अंतर्गत गाजीपुर सिटी-ताड़ीघाट स्टेशनन के बीच नया लाइन के काम के लेके इंटरलॉकिंग कइल जाये के बा। एकरा के लेके एह रूट पs चले वाला कइयन ट्रेन प्रभावित रही।

इंटरलॉकिंग काम के कारण कइयन गो गाड़ियन के रद्द, शार्ट टर्मिनेशन, नियंत्रण आ मार्ग परिवर्तन कइल गइल बा। ई जानकारी जनसंपर्क अधिकारी अशोक कुमार प्रेस विज्ञप्ति के माध्यम से देले बाड़ें। एसे छपरा रूट के कइयन ट्रेन प्रभावित रही।

ई ट्रेन रही रद्द

  • छपरा से 11 से 17 जून तक प्रस्थान करे वाली 05135 छपरा-औंड़िहार अनारक्षित विशेष गाड़ी रद्द रही।
  • औंड़िहार से 11 से 17 जून तक प्रस्थान करे वाली 05136 औंड़िहार-छपरा अनारक्षित विशेष गाड़ी रद्द रही।
  • बलिया से 15 से 17 जून तक प्रस्थान करे वाली 05169 बलिया-प्रयागराज रामबाग अनारक्षित विशेष गाड़ी रद्द रही।
  • प्रयागराज रामबाग से 15 से 17 जून तक प्रस्थान करे वाली 05170 प्रयागराज रामबाग-बलिया अनारक्षित विशेष गाड़ी रद्द रही।
  • छपरा से 15 से 17 जून तक प्रस्थान करे वाली 05445 छपरा-वाराणसी सिटी अनारक्षित विशेष गाड़ी रद्द रही।
  • वाराणसी सिटी से 15 से 17 जून तक प्रस्थान करे वाली 05446 वाराणसी सिटी-छपरा अनारक्षित विशेष गाड़ी रद्द रही।

एह ट्रेन के कइल गइल शॉर्ट टर्मिनेट

  • छपरा से 10 जून के चले वाली 05135 छपरा-औंड़िहार अनारक्षित विशेष गाड़ी औंड़िहार के स्थान पs बलिया़ में यात्रा समाप्त करी।

नियंत्रित कs के चलावल जाये वाली ट्रेन

  • बरौनी से 15 जून के प्रस्थान करे वाली 14523 बरौनी-अम्बाला कैंट एक्सप्रेस पूर्व-मध्य रेलवे में 60 मिनट नियंत्रित कs के चलावल जाई।

एह ट्रेन के भइल मार्ग परिवर्तन

  • नाहरलगुन से 10 जून के प्रस्थान करे वाली 09526 नाहरलगुन-ओखा विशेष गाड़ी अपना निर्धारित मार्ग सोनपुर-छपरा ग्रामीण-गाजीपुर सिटी-औंड़िहार-वाराणसी जं के स्थान पs परिवर्तित मार्ग सोनपुर-पाटलिपुत्र-पंडित दीनदयाल उपाध्याय जं-वाराणसी जं के रास्ते चलावल जाई।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]