[the_ad_group id="30365"]

Supreme Court: सुप्रीम कोर्ट के मिली दु नया जज, सीजेआई आज दिलइहें शपथ; बीतल दिन राष्ट्रपति देले रहस मंजूरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आंध्र प्रदेश हाईकोर्ट के मुख्य न्यायाधीश प्रशांत कुमार मिश्रा आ वरिष्ठ अधिवक्ता कल्पथी वेंकटरमण विश्वनाथन के सुप्रीम कोर्ट के न्यायाधीश नियुक्त कइल गइल बा। राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू बियफे के एकर घोषणा कइले रहली। नया कानून मंत्री अर्जुन राम मेघवाल टि्वटर पs एह नियुक्तियन के घोषणा कइले रहस। दु नया जजन के नियुक्ति सुप्रीम कोर्ट कॉलेजियम द्वारा ओह लोगन के सिफारिश के 48 घंटा के भीतर भइल बा। मिश्रा आ विश्वनाथन के आज भारत के मुख्य न्यायाधीश डीवाई चंद्रचूड़ पद के शपथ दिलइहें।

विश्वनाथन, जस्टिस जेबी पारदीवाला के 11 अगस्त 2030 के सेवानिवृत्त होखला के बाद भारत के मुख्य न्यायाधीश बन सकिहें या ऊ 25 मई, 2031 तक पद पs रहिहें। जस्टिस दिनेश माहेश्वरी आ जस्टिस एमआर शाह के सेवानिवृत्ति के संगे सुप्रीम कोर्ट में जजन के संख्या घटके 32 हो गइल रहे, जबकि स्वीकृत पद 34 बा।

कॉलेजियम कइले रहे सिफारिश

एकरा पहिले आंध्र प्रदेश हाईकोर्ट के मुख्य न्यायाधीश (सीजे) प्रशांत कुमार मिश्रा आ वरिष्ठ अधिवक्ता केवी विश्वनाथन के शीर्ष कोर्ट के न्यायाधीश बनावे के सिफारिश केंद्र से कइल गइल रहे। प्रधान न्यायाधीश डीवाई चंद्रचूड़ के अध्यक्षता वाला सुप्रीम कोर्ट के कॉलेजियम मंगर के एह लोगन के नाम के सिफारिश कइले रहे। जस्टिस मिश्रा के 10 दिसंबर 2009 के छत्तीसगढ़ उच्च न्यायालय के न्यायाधीश के रूप में नियुक्त कइल गइल रहे। उनका के 13 अक्तूबर 2021 के आंध्र प्रदेश उच्च न्यायालय के मुख्य न्यायाधीश के रूप में नियुक्त कइल गइल रहे।

अगिला महीना रिटायर होई लो चार जज

सुप्रीम कोर्ट के दु गो न्यायाधीश न्यायमूर्ति दिनेश माहेश्वरी आ न्यायमूर्ति एमआर शाह बीतल दु दिनन में सेवानिवृत्त भइल बा लो। न्यायमूर्ति केएम जोसेफ 16 जून 2023, न्यायमूर्ति अजय रस्तोगी 17 जून, न्यायमूर्ति वी. रमासुब्रमण्यम 29 जून आ न्यायमूर्ति कृष्ण मुरारी आठ जुलाई के सेवानिवृत्त होखे वाला बा लो।

न्यायाधीशन के संख्या घटके 30 रह जाई 

कॉलेजियम में प्रधान न्यायाधीश के अलावे न्यायमूर्ति संजय किशन कौल, न्यायमूर्ति केएम जोसेफ, न्यायमूर्ति अजय रस्तोगी आ न्यायमूर्ति संजीव खन्ना सामिल बा लो। कॉलेजियम अपना सिफारिश में कहले बा कि जुलाई के दूसरा हफ्ता में चार आउर रिक्ति होई। अइसन में न्यायाधीशन के संख्या घटके 30 रह जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]