[the_ad_group id="30365"]

भारत के वजह से ChatGPT के भइल फायदा, Ghibli बनवलस रिकॉर्ड

भारत के वजह से ChatGPT के भइल फायदा, Ghibli बनवलस रिकॉर्ड
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बीतल कइयन दिनन से ChatGPT के नया इमेज जनरेशन टूल शोर मचाके रखले बा। हर केहू स्टूडियो घिबली आर्ट के फोटो जेनरेट करे में लागल बा। सोशल मीडिया पs चारो तरफ बस इहे छाइल रहे। Studio Ghibli-स्टाइल के इमेज इंटरनेट पs एगो बड़ ट्रेंड बना लेले बा। खास कs के भारत में ई टूल बहुते पॉपुलर भइल बा। भारत के वजह से चैटजीपीटी के फायदा मिलल बा। OpenAI के COO ब्रैड लाइटकैप एह नया फीचर के इस्तेमाल के बारे में कुछ सानदार आंकड़ा शेयर कइले बाड़ें। जवन ई देखावत बा कि ई फीचर केतना पॉपुलर भइल बा।

130 मिलियन यूजर्स बनावल लो 700 मिलियन से जादे इमेज

ब्रैड लाइटकैप X पs एगो पोस्ट में बतवलें कि 130 मिलियन से जादे ChatGPT यूजर्स 700 मिलियन से जादे इमेजे जनरेट कइले बा लो। ई आंकड़ा देखावत बा कि नया फीचर केतना जोरदार असर डलले बा आ लोग एकरा के केतना उत्सुकता से इस्तेमाल कs रहल बा लो।

ऑल्टमैन पहिलहूं कहले रहस कि ओपनएआई के एक घंटा में एक मिलियन यूजर्स रहे लो, जबकि 2022 के लास्ट में एआई बहुते पॉपुलैरिटी हासिल कs रहल बा। जब चैटजीपीटी के पब्लिकली सुरू कइल गइल रहे, जहां एक महीना में 1 मिलियन यूजर्स जुड़ल रहे लो।

भारत में घिबली आर्ट बनाने वाले ज्यादा

भारत में चैटजीपीटी घिबली आर्ट काफी ट्रेंड में रहल बा। चैटजीपीटी पs नया इंडिया से कइयन गो यूजर्स जुड़ल रहे लो। जवना के वजह से चैटजीपीटी के बहुते फायदा भइल बा। घिबली आर्ट चैटजीपीटी के एक बेर फेर से दोसर एआई प्लेटफॉर्म से जादे पावरफुल देखा देले बा। चैटजीपीटी के लर्निंग अपडेट आ नया टूल्स एकरा के आउर खास बना देला।

Read Also: पीएम मोदी के दौरा के तुरंत बाद श्रीलंका रिहा कइलस 14 भारतीय मछुआरा, दुनो देसन के बाचतीत भइल सफल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]