FIFA WC: जवना गेना से भइल रहे हैंड ऑफ गॉड गोल, ऊ करीब 20 करोड़ रुपिया में नीलाम

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 17, 2022

खाली फीफा वर्ल्ड कप के ना बलुक फुटबॉल के इतिहास में सबसे जादे सुर्खियन के लूटे वाला कवनो गोल बा त ऊ बा हैंड ऑफ गॉड। ई गोल एह खेल के महान खिलाड़ी डियगो माराडोना

Share

खाली फीफा वर्ल्ड कप के ना बलुक फुटबॉल के इतिहास में सबसे जादे सुर्खियन के लूटे वाला कवनो गोल बा त ऊ बा हैंड ऑफ गॉड। ई गोल एह खेल के महान खिलाड़ी डियगो माराडोना दगले रहस।

अर्जेंटीना के स्टार फॉरवर्ड 1986 के विश्व कप में इंग्लैंड के खिलाफ ई गोल कइले रहस। आ, जवना गेना से ऊ ई करतब देखवले रहस था, ऊ अब नीलाम हो चुकल बा।

हैंड ऑफ गॉड गोल के इतिहास समट के राखे वाला गेना के ओह मैच के रेफरी नीलाम कइलें। ऊ ऐतिहासिक गेना 24 लाख डॉलर माने करीब 20 करोड़ रुपिया में नीलाम भइल रहे।

हैंड ऑफ गॉड गोल वाला गेना भइल करोड़न में नीलाम

1986 के वर्ल्ड कप में अर्जेंटीना आ इंग्लैंड के बीच खेलल गइल मैच में ट्यूनीशिया के अली बिन नासेर रेफरी रहस। ई मेक्सिको में भइल ओह वर्ल्ड कप के क्वार्टर फाइनल मैच रहे। ओह मुकाबला में रेफरी तनिका चूकल रहस आ माराडोना हाथ से गोल क देले रहस। बहरहाल, क्वार्टर फाइनल के बाद ओह मैच के गेना के रेफरी अपना लगे रख लेले रहस, जवना के ऊ अब जाके नीलाम कइलें बाड़े।

36 साल पुरान गेना के 16 नवंबर के लंदन में ग्राहम बड नीलामी में 20 लाख पाउंड (लगभग 23 लाख 70 हजार डॉलर) में बेचल गइल। एह तरे भारतीय रुपियन में एकर कीमत करोड़न में जा पहुंचत बा।

मैच रेफरी नीलाम कइलें गेना

बता दीं कि गेना के नीलामी से 6 महीना पहिलही ऊ जर्सी नीलाम हो चुकल बा, जवना के पहिनके माराडोना हैंड ऑफ गॉड गोल दगले रहस। ट्यूनिशियाई रेफरी बिन नासेर गेना के नीलामी से पहिले कहले रहस कि दुनिया के संगे एह गेना के साझा करे के ई सही समय बा। ऊ उम्मीद जतवलें कि एकर खरीदार एकरा के सार्वजनिक प्रदर्शनी खातिर रखी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.