[the_ad_group id="30365"]

मणिपुर में फेर भड़कल हिंसा, सुरक्षाबलन के हथियार लूटे के कोशिश

Manipur
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मणिपुर में फेर से हिंसा भड़क गइल बा। काल्ह सुतल एगो आदमी के हत्या कर दिहल गइल। पुलिस के कहनाम बा कि इम्फाल पूर्वी जिला में मणिपुर राइफल के दु गो बटालियन के शस्त्रागार से कुछ बदमाश हथियार लूटे के कोशिश कइले, बाकिर सुरक्षा बल आंसू गैस के गोला आ चला के भीड़ के काबू में कऽ देलस।

एक बार फेर मणिपुर में हिंसा के घटना देखाई देता। जिरिबाम जिला में काल्ह हिंसा में पाँच जने के मौत हो गइल। एकरा संगे-संगे सुतल एगो आदमी के हत्या क दिहल गइल। एही बीच पुलिस के कहनाम बा कि इम्फाल पूर्वी जिला में मणिपुर राइफल्स के दु बटालियन के शस्त्रागार से कुछ बदमाश हथियार लूटे के कोशिश कइले, बाकिर सुरक्षा बल आंसू गैस के गोला अउरी खाली राउंड गोली चला के भीड़ के तितर-बितर कऽ देलस।

पुलिस के हथियार लूटे के कोशिश

एगो वरिष्ठ पुलिस अधिकारी बतवले कि शुक के देर रात कुछ बदमाश 7 आ 2 मणिपुर राइफल्स बटालियन से हथियार लूटे के कोशिश कइले, बाकिर संयुक्त सुरक्षा बल भीड़ के सफलतापूर्वक तितर-बितर कऽ देलस।

हिंसा में 2 पुलिसकर्मी घायल

बाद में जब खाबेइसोई में स्थापित 7वीं बटालियन से सुरक्षा टीम लवटत रहे तऽ बदमाश ओ लोग पs गोली चला देले, जवना से दु पुलिसकर्मी घायल हो गइले।

कहल जाता कि वरिष्ठ अधिकारी तुरंत मौका प पहुंचले आ इस्थिति के काबू में कऽ लेले। पुलिस एक बेर फेरु सभका से अपील करतिया कि कानून के अपना हाथ में मत लेस। एह तरह के दुस्साहस में लिप्त बदमाशन से कड़ा निपटल जाई आ ओकरा के गंभीर कानूनी परिणाम के सामना करे के पड़ी।

 निगरानी खातिर तैनात सैन्य हेलीकाप्टर

एही बीच हिंसा के घटना के चलते हवाई गश्त खातिर सैन्य हेलीकाप्टरो लगावल गइल बा आ आतंकवादियन के ड्रोन के गिरावे खातिर एंटी ड्रोन सिस्टम लगावल गइल बा।

लूट के हथियार आ गोला-बारूद बरामद भइल

बता दीं कि पछिला साल मई में मणिपुर में जातिगत हिंसा के प्रकोप के बाद हिंसक भीड़ मणिपुर पुलिस के शस्त्रागार आ जिला के बाकी सुरक्षा चौकी से चार हजार से जादे अत्याधुनिक हथियार आ लाखों गोला-बारूद लूट लेले रहले। बाद में सुरक्षा बल भारी संख्या में लूट के हथियार अवुरी गोला-बारूद बरामद कइलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]