[the_ad_group id="30365"]

Nokia G42 5G: 16GB Ram के संगे धमाकेदार एंट्री करे जा रहल नोकिया के पॉपुलर स्मार्टफोन, जल्दिये होई लॉन्च

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नोकिया हाले में अपना यूजर्स खातिर Nokia G42 5G के लॉन्च कइले बा। कंपनी के न्यूली लॉन्चड 5G स्मार्टफोन खूब पसंद कइल जा रहल बा। एह फोन के कंपनी 13 हजार से कम कीमत पs लेके आइल रहे।

ओहिजा एह दिनन ऑनलाइन शॉपिंग वेबसाइट पs डील चल रहल बा तs फोन के 11 हजार से कम में किने के मवका मिल रहल बा। एही कड़ी में नोकिया यूजर्स खातिर एगो नया अपडेट जारी कइल गइल बा।

Nokia G42 5G के लेके आइल रहे नया अपडेट

नोकिया अपना ऑफिशियल एक्स हैंडल से यूजर्स खातिर Nokia G42 5G के लेके नया अपडेट शेयर कइले बा। कंपनी जानकारी देले बा कि बहुते जल्द Nokia G42 5G के 16GB रैम आ 256GB स्टोरेज वेरिएंट लॉन्च कइल जा रहल बा। जी हs, कंपनी फोन खातिर एगो टीजर वीडियो शेयर कइल गइल बा।

कब लॉन्च होई नया वेरिएंट

नोकिया लेटेस्ट टीजर वीडियो में Nokia G42 5G के नया वेरिएंट के ले आवे के जानकारी देले बा। फोन के नया वेरिएंट कब तक लॉन्च कइल जाई, एकरा खातिर कंपनी नया अपडेट शेयर करी। फिलहाल टीजर वीडियो से सामने आइल बा कि फोन के Snapdragon 480+ 5G प्रोसेसर के संगे धमाकेदार एंट्री करी।

कवना खूबियन के संगे आवेला Nokia G42 5G

  • प्रोसेसर- Snapdragon 480+ 5G प्रोसेसर
  • डिस्प्ले- 6.56 इंच HD डिस्प्ले, 90Hz स्मूद रिफ्रेश रेट
  • रैम आ स्टोरेज- 11GB रैम (6GB RAM + 5GB वर्चुअल रैम) आ 128GB स्टोरेज
  • बैटरी- 20W फास्ट चार्जिंग फीचर आ 5000mAh बैटरी
  • कैमरा- 50MP+2MP+2MP बैक आ 8MP फ्रंट
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]