ChatGPT iOS आ iPadOS खातिर एगो नया शॉर्टकट रिलीज कइले बा। एकरा से आईओएस एप पs ChatGPT के इस्तेमाल आसान हो जाई। OpenAI SearchGPT भा ChatGPT Search फीचर के पिछलका महीना लॉन्च कइले बा आ अब एकर शॉर्टकट रिलीज कइल गइल बा। सर्च जीपीटी के फिलहाल खाली प्रीमियम यूजर्स खातिर रखल गइल बा।
कइसे जोड़ीं SearchGPT शॉर्टकट?
- iOS आ iPadOS यूजर्स के एह शॉर्टकट के जोड़े खातिर Apple Shortcuts एप ओपन करीं।
- जदि रउआ डिवाइस में ChatGPT ऐप इंस्टॉल बा, तs शॉर्टकट लिस्ट में SearchGPT विकल्प दिखी।
- एकरा के होम स्क्रीन पs जोड़े खातिर Open SearchGPT विकल्प चुनीं।
- ई शॉर्टकट Siri के माध्यम से सक्रिय कइल जा सकत बा, बशर्ते कि डिवाइस में iOS 18.1 अपडेट होखे।
इहो पढ़ीं: Bihar Sugar Mill: बिहार के एह चीनी मिल के सालन बाद खुली ताला, एह सत्र में सुरू हो जाई पेराई
- ई OpenAI के नेविगेशन सर्च इंजन के इस्तेमाल कs के वेब ब्राउजिंग के सुविधा देला।
- ई ओह सवालन के उत्तर दे सकत बा जवन ChatGPT के ज्ञान-आधार से बाहर बा।
- ChatGPT अपना उत्तर के संगे इस्तेमाल कइल गइल वेब पेजन के लिंको देखावेला, ताकि यूजर्स जानकारी के सत्यापित कs सकीं।
SearchGPT के उपयोग कइसे करीं?
आमतौर पs, ChatGPT में टेक्स्ट फील्ड के नीचे मवजूद ग्लोब आइकन पs टैप कs के एह फीचर के सक्रिय कइल जा सकत बा। शॉर्टकट आइकन यूजर्स खातिर एह प्रक्रिया के आउर आसान बना देला। जइसही एप खुलेला, ई वेब सर्च ऑप्शन के ऑटोमैटिकली सक्रिय कs देला।
SearchGPT (ChatGPT) के महत्व
OpenAI एह फीचर के अक्टूबर में पेश कइलस आ एकरा पs वेब पs बेहतर तरीका से जानकारी खोजे के टूल बतवलें। ई ना खाली ChatGPT के सीमा के बढ़ावेला बलुक यूजर्स के सटीक आ प्रमाणित जानकारी तक पहुंचे में मदद करेला। iOS आ iPadOS उपयोगकर्तन खातिर ई एगो बड़ अपडेट हs, जवन ChatGPT के आउर जादे सुविधाजनक आ शक्तिशाली बनावेला।