[the_ad_group id="30365"]

Bihar Sugar Mill: बिहार के एह चीनी मिल के सालन बाद खुली ताला, एह सत्र में सुरू हो जाई पेराई

रीगा चीनी मिल में एह सत्र से गन्ना के पेराई सुरू हो जाई।
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Bihar Sugar Mill: बिहार में सालन से बंद रीगा चीनी मिल में एह सत्र से गन्ना के पेराई सुरू हो जाई। गन्ना उद्योग मंत्री कृष्णानंद पासवान बतवलें कि कुछ औपचारिकता बाकी बा। ओकरा के पूरा कइल जा रहल बा। पिछिलका सत्र 2023-24 में बिहार के चीनी मिलन में छव लाख 87 हजार टन चीनी के उत्पादन भइल रहे। अबकी बेर चीनी उत्पादन में बढ़न्ती के संभावना बा।

इहो पढ़ीं: पीएम मोदी के जान से मारे के धमकी: मुंबई पुलिस के कंट्रोल रूम में आइल फोन, जांच जारी

मंत्री पासवान आगे बतवलें कि राज्य में किसानन के हक में चालू पेराई सत्र से 10 रुपिया प्रति क्विंटल गन्ना के मूल्य में इजाफा कs दिहल गइल बा। जवना से किसानन के फायदा होई। ऊ आगे बतवलें कि अब उत्तम प्रभेद के गन्ना के मूल्य 365 रुपिया प्रति क्विंटल, सामान्य प्रभेद के मूल्य 345 आ निम्न प्रभेद के मूल्य 310 रुपिया हो गइल बा। गन्ना के दाम बढ़ला से किसान जादे खेती करे के प्रेरित होई।

गुड़ इकाइयन के ओर से आ रहल बा ऑनलाइन आवेदन

दरअसल विभाग चाहत बा कि बिहार में गन्ना के खेती चार-पांच जिला के दायरा से निकलके पूरा राज्य में विस्तार पावे। ऊ बतवलें कि राज्य गुड़ प्रोत्साहन योजना के तहत गुड़ इकाइयन के ओर से ऑनलाइन आवेदन आ रहल बा। अभी ले 48 आवेदन आ चुकल बा। विभागीय पोर्टल पs ऑनलाइन आवेदन देवे खातिर अंतिम तिथि 30 नवंबर तक निर्धारित कइल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]