[the_ad_group id="30365"]

वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण AIIMS में भर्ती, प्राइवेट वॉर्ड में चल रहल बा जांच

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केंद्रीय वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण के सोमार के दिल्ली के एम्स अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। बतावल गइल बा कि सीतारमण के अस्पताल के प्राइवेट वॉर्ड में रखल गइल। 63 वर्षीय सीतारमण के दुपहरिया 12 बजे के करीब अस्पताल ले जाइल गइल। हालांकि, उनका का परेसानी बा, एह बारे में जानकारी अभी स्पष्ट नइखे।

अभी काल्ह, FM सीतारमण पूर्व प्रधानमंत्री अटल बिहारी वाजपेयी के उनका जयंती पs दिल्ली में ‘सदैव अटल’ में पुष्पांजलि अर्पित कइली।। हाले में, तमिलनाडु के एगो विश्वविद्यालय में दीक्षांत समारोह के दौरान, वित्त मंत्री ने कहली कि भारत के दुनिया के फार्मेसी के रूप में मान्यता प्राप्त बा काहेकि देस सस्ता कीमत पs वैश्विक स्तर के दवा के उत्पादन करेला। ऊ कहलें कि भारत अफ्रीका में जेनेरिक दवा के 50% मांग, अमेरिका के जेनेरिक दवा के 40% आ ब्रिटेन के मय दवा के 25% के आपूर्ति करेला।

तमिलनाडु के डॉ. एमजीआर मेडिकल यूनिवर्सिटी के 35वां वार्षिक दीक्षांत समारोह के दौरान ऊ कहलें कि आवश्यक टीकाकरण योजना खातिर भारत वैश्विक टीकन के लगभग 60% आ विश्व स्वास्थ्य संगठन के 70% टीकन के उत्पादन करेला।

साल 2020 के बजट भाषण के दौरान बिगड़ल रहे तबियत

वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण मोदी सरकार के दूसरका कार्यकाल के दूसरा बजट पेश कइला के दौरान 1 फरवरी 2020 के वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण के बजट भाषण एतना लमहर रहे कि ऊ आपन पूरा भाषण तबीयत बिगड़ला के कारण पूरा ना पढ़ सकल रही। संसद में करीब पौने तीन घंटा (160 मिनट) लगातार भाषण देला के बाद उनकर सेहत अचानके तनिका खराब हो गइल रहे, जवना वजह से ऊ आपन पूरा बजट भाषण तक ना पढ़ पवले रहली।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]