[the_ad_group id="30365"]

सिद्धू मूसेवाला के मर्डर के करीब 7 महीना बाद पुलिस परिजनन के वापस कइलस थार कार, पिता बलकौर कहलें ई बात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पंजाबी सिंगर सिद्धू मूसेवाला के जवना थार गाड़ी में गोली मारके हत्या भइल रहे, ओह गाड़ी के कोर्ट के आदेश पर पुलिस सिद्धू मूसेवाला के परिवार के सउप देले बिया।

बता दीं कि सिद्धू के परिवार ओह थार गाड़ी के वापस करे के मांग कोर्ट में कइले रहे। बता दीं कि सिद्धू मूसेवाला के 29 मई 2022 के गांव जवाहरके के लग ताबड़तोड़ फायरिंग कs के हत्या कइल गइल रहे। ओह समय सिद्धू अपना थार कार में सवार रहलें। एह घटना के बाद सिद्धू के थार के जांच खातिर पुलिस अपना संगे ले गइल रहे।

सिंगर के पिता बलकौर सिंह कहलें ई बात

सिद्धू मूसेवाला के पिता बलकौर सिंह के कहनाम बा कि ऊ थार कार के एहिसे अपना घरे वापस ले आइल बाड़ें, कि एहसे लोगन के पता लाग सके कि उनका बेटा पर कवना तरे गोली बरसावल गइल रहे। ऊ इहों कहलें कि लोगन के जमा होखे के चाहीं, जवना से सरकार निन से जागे।

बलकौर सिंह इहो कहलें कि राज्य में फिरौती आ कत्ल के ममिला सामने आ रहल बा। सरकार आ प्रशासन केकरा-केकरा के सुरक्षा दी। एहिसे सरकार के ओह आम लोगन के हथियार के लाइसेंस देवे के चाहीं, जेकरा एकर जरूरत बा।

 

हाले में बढ़ावल गइल रहे दिल्ली पुलिस के 12 अधिकारियन के सुरक्षा

हाले में पंजाबी सिंगर सिद्धू मूसेवाला मर्डर केस के सुलझावे में सामिल दिल्ली पुलिस के अधिकारियन के सुरक्षा बढ़ावल गइल रहे। एमे स्पेशल सेल के 12 अधिकारी सामिल बावे लोग। स्पेशल सीपी एचजीएस धालीवाल, डीसीपी स्पेशल सेल मनीषी चंद्रा, डीसीपी राजीव रंजन खातिर Y श्रेणी के सुरक्षा के मंजूरी दिहल गइल रहे। एह बात के जानकारी दिल्ली पुलिस देले रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]