[the_ad_group id="30365"]

रेसलर्स विवाद…एशियाड ट्रायल डेट पs फंसल पेंच: 15 जुलाई तक एंट्री, पहलवान 10 अगस्त के चाहत बा लो ट्रायल; IOA एशियन काउंसिल से डेडलाइन बढ़ावे के कहलस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सांसद बृजभूषण सिंह के खिलाफ चार्जशीट दाखिल होखला के बाद रेसलर्स विवाद नया मोड़ ले रहल बा। ममिला में अब एशियाड ट्रायल्स पs पेंच फंसत नजर आ रहल बा। अइसन में भारतीय ओलिंपिक महासंघ (IOA) हल निकाले के कोसिस कइले बा।

असल में, WFI के पूर्व अध्यक्ष के खिलाफ आंदोलन के बीच पहलवान एशियन गेम्स ट्रायल्स में हिस्सा लेवे के मांग कइल लो, जवना के भारतीय खेल मंत्रालय मान लेलस, बाकिर पहलवान 10 अगस्त के ट्रायल रखे के मांग कर रहल बा लो। जवन ओलिंपिक काउंसिल ऑफ एशिया (OCA) के टीम एंट्री भेजे के आखिरी तारीख 15 जुलाई के बाद के बा। अइसन में ममिला उलझ गइल बा।

एह उलझन के बीच IOA सुक के एशियन काउंसिल के पत्र लिखके डेडलाइन बढ़ावे के मांग कइले बा। एह पs एशियन काउंसिल के कवनो जवाब नइखे आइल।

बजरंग, विनेश, साक्षी सहित 6 पहलवान लिखल लो पत्र

बजरंग पुनिया, विनेश फोगाट आ साक्षी मलिक समेत आधा दर्जन पहलवान खेल मंत्री अनुराग ठाकुर के पत्र लिखले रहे लो। एमे कहल गइल कि धरना पs बइठल होखला के कारण ओह  लोगन के 23 सितंबर से हांगझोउ (चीन) में होखे वाला एशियाई खेलन आ विश्व चैंपियनशिप के ट्रायल के तइयारियन खातिर कुछ आउर समय के जरुरत बा। ट्रायल 10 अगस्त के बाद करावल जाव।

पत्र लिखे वाला पहलवानन में विनेश फोगाट (53 वेट कैटेगरी), बजरंग पूनिया (65 वेट कैटेगरी), साक्षी मलिक (62 वेट कैटेगरी), सत्यव्रत कादियान (97 वेट कैटेगरी), संगीता (57 वेट कैटेगरी) आ जितेंदर (86 वेट कैटेगरी) सामिल बा लो।

15 जुलाई से पहिले ट्रायल चाहत बिया कमेटी

एशियन गेम्स खातिर एंट्री भेजे के आखिरी तारीख 15 जुलाई बा। एडहॉक कमेटी एकरा पहिले ट्रायल चाह रहल बिया। बाकिर खेल मंत्री ले लिखल पत्र के बाद कमेटी असमंजस में पड़ गइल बिया।

मंजूरी पs निर्भर करी ट्रायल

पहलवानन के ट्रायल्स OCA के मंजूरी पs निर्भर करी। IOA पत्र लिखके मांग कइले बा कि कुश्ती के नामन के संगे एंट्री 15 अगस्त तक लिहल जाये के मंजूरी दिहल जाव। जदि भारतीय ओलिंपिक संघ के मंजूरी मिल जात बा तs ट्रायल्य अगस्त में होई आ जदि मंजूरी नइखे मिलत, तs ट्रायल्स 15 जुलाई से पहिले रखे के होई।

मंजूरी मिलल तs ट्रायल 10 अगस्त के बाद रखल जाई। ना मिलला पs 15 जुलाई से पहिले ट्रायल के अलावे कवनो विकल्प नइखे बांचत।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]