Lucknow: योगी के नामे दर्ज भइल सबसे लमहर समय तक मुख्यमंत्री रहे के रिकॉर्ड, पांच साल आ 347 दिन से बाड़ें CM

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 1, 2023

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के नामे उत्तर प्रदेश के सबसे लमहर समय तक मुख्यमंत्री रहे के रिकॉर्ड दर्ज हो गइल बा। योगी पहिलका मुख्यमंत्री बाड़ें जे लगातार 5 साल 347 दिन से मुख्यमंत्री के पद पs

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के नामे उत्तर प्रदेश के सबसे लमहर समय तक मुख्यमंत्री रहे के रिकॉर्ड दर्ज हो गइल बा। योगी पहिलका मुख्यमंत्री बाड़ें जे लगातार 5 साल 347 दिन से मुख्यमंत्री के पद पs बा। योगी से पहिले कांग्रेस शासन में मुख्यमंत्री डॉक्टर संपूर्णानंद पांच साल 345 दिन लगातार मुख्यमंत्री रहल रहस।

भाजपा सरकार में लगातार पांच बरिस तक मुख्यमंत्री रहे के रिकॉर्ड योगी के नामे दर्ज बा। सीएम योगी के गिनती ओह नेत लोगन में होला जेकरा नेतृत्व में प्रदेश में कवनो पार्टी के दूसरा बेर सरकार बनल बा। ओकरा पहिले नारायण दत्त तिवारी रहलें जेकरा नेतृत्व में प्रदेश में कांग्रेस पार्टी के दोबारा सरकार बनल रहे।

25 मार्च 2022 के जब योगी मुख्यमंत्री पद के शपथ लेले रहस तs ऊ नारायण दत्त तिवारी के 37 साल पुरान रिकॉर्ड तुड़ देले रहस। तिवारी बरिस 1985 में अविभाजित उत्तर प्रदेश में दूसरका बेर मुख्यमंत्री पद के शपथ लेले रहस। ओहिजा उत्तराखंड बनला के बाद देखल जाव तs योगी प्रदेश के पहिला सीएम बाड़ें, जे लगातार दूसरका बेर सीएम बनल बाड़ें। समाजवादी पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष अखिलेश यादव पांच बरिस चार दिन तक यूपी के सीएम रहल बाड़ें। बसपा सुप्रीमो मायावती चार बरिस 307 दिन तक यूपी के मुख्यमंत्री रहल बाड़ी। पूर्व सीएम स्वर्गीय मुलायम सिंह यादव तीन साल 257 दिन तक यूपी के सीएम रहलें।

योगी तुड़ले रहस नोएडा के मिथक

अइसन मानल जाता रहे कि जवन कवनो मुख्यमंत्री नोएडा जाला ऊ दोबारा मुख्यमंत्री ना बने। एही मिथक के चलते बसपा सरकार में सीएम मायावती आ सपा शासन में मुख्यमंत्री रहल अखिलेश यादव नोएडा ना गइल रहे लो। बाकिर  मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कइयन बेर नोएडा गइला के बदो दोबारा सीएम बनल बाड़ें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.